एके दिन ७४० जने मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित संख्या १५ हजार से बेसी

काठमाण्डु १९ असाढ,
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ७४० जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । देशभर के प्रयोगशाला मे ४ हजार ४८३ नमुना परीक्षण कईला पर अभी तक के सबसे बेसी संख्या मे संक्रमित मिलल बाडन । एकरा सँगे देशभर संक्रमित के संख्या १५ हजार २ सय ५९ पुगल बा । आउर एक के मृत्यु स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक कोरोना भाइरस के संक्रमण से आउर एक के मृत्यु भईल बा ।
काठमाण्डु, नयाँ बानेश्वर के ८५ बरीस के बुढ के एक निजी अस्पताल मे ईलाज के समय मे १७ गते रात ११ बजे के समय मृत्यु भईल बा । उच्च रत्तचाप आ पार्किन्सन के बेमार उ छाती दुखाएके आ पेसाब कम भईल कहत अस्पताल गईल रहलन । आईसीयू के आइसोलेसन सेन्टर मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल आ उनका मे कोरोना संक्रमण मिलल मन्त्रालय जनवले बा । एकरा सँगे कुल मृतक के संख्या ३२ पुगल बा । मन्त्रालय के मुताविक पिछिलका बेर थपाईल संक्रमित मेसे सबसे बेसी अछाम के २३० जने बाडन ।
एहितरे कैलाली के ५८ जने, बाजुरा के ५३, डोटी के ४७, कञ्चनपुर के ४५, बैतडी के ४०, रौतहट के २९, डडेलधुरा आ झापा के २८÷२८ जने, सिराहा के २४, नवलपुर के १९, धनुषा के १६, बझाङ के १४, दैलेख के १२ आ बर्दिया के १० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । एहितरे नवलपरासी, दाङ आ तनहुँ के ९÷९ जने, सप्तरी, कपिलवस्तु, सल्यान ८÷८ जने सुर्खेत आ महोत्तरी के ६÷६ जने, उदयपुर आ मोरङ के ५÷५ जने, पर्वत के ३ तथा कास्की आ पर्सा के २÷२ जने बाडन । एहितरे चितवन, सर्लाही, सिन्धुपाल्चोक, पाल्पा, कालीकोट, रोल्पा आ बाग्लुङ के एक÷एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । एके दिन ८२३ जने डिस्चार्ज पिछिलका २४ घण्टा मे देशभर के अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर से ८२३ डिस्चार्ज भईल मन्त्रालय जनवले बा । एकरा सँगे डिस्चार्ज होखेवाला के संख्या ६ हजार १४३ पुगल बा ।






