पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग सँगे स्वास्थ्य सम्बन्धी बतकही कार्जक्रम भोटा. संवाददाता

वीरगंज २२ असाढ,
प्रदेश नं २ अन्तर्गत रहल सामाजिक विकास मन्त्रालय, स्वास्थ्य निर्देशनालय धनुषा के आयोजना मे आजु पर्सेली पत्रकार तथा सञ्चारकर्मीलोग से स्वास्थ्य सम्बन्धी बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा । नेपाल चिकित्सक संघ के सभाहल मे भईल उ कार्जक्रम के अध्यक्षता करत स्वास्थय निर्देशनालय के प्रमुख डा. मुक्तीनारायण साह विश्व मे माहामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस के प्रदेश नं २ मे रहल अवस्था के बारे मे जानकारी करवले रहनी । प्रदेश नं २ मे कोरोना भाइरस दिन पर दिन बढत जा रहल अवस्था के मध्यनजर करके सभी के सचेत आ सर्तक रहे खातिर निहोरा कईले रहलन ।
उ अईसन जटिल अवस्था मे भी पर्सा के पत्रकारलोग निफिकिर होके आपन भुमिका निर्वाह कईला मे धन्यवाद भी देहले रहनी । साह कोरोना भाइरस से मात्र माहामारी ना फईला के साथे आउर बेमारी जईसे मलेरिया, कुष्ठरोग, हेपाटाइटिस बी लगायत बेमारी से बँचे खातिर निहोरा कईले रहनी । कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा कोरोना के महामारी अवस्था मे भी पर्सेली पत्रकारलोग से बतकही कार्जक्रम के आयोजना कईला मे आयोजक के धन्यवाद देहले रहनी । कार्जक्रम मे जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख कामेश्वर प्रसाद चौरसिया, बरिष्ठ स्वास्थ्य प्रशिक्षक देवनारायण झा, वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य शाखाका प्रमुख अरुण कुमार महतो लगायत के लोग कोभिड–१९ के अवस्था आ पर्सा जिल्ला मे ओकर प्रभाव आ विश्वव्यापी रुप मे फईलल कोभिड–१९ के बिविध पक्ष उपर चर्चा कईले रहनी ।






