छिपहरमाई गा.पा.–२ मे निःशुल्क आँख चेकजाँच शिविर

वीरगंज २९ माघ

आर एम केडिया आँखा अस्पताल परवानीपुर आ छिपहरमाई गाँवपालिका के सहजोग मे आ सभ्य सामुदायिक तालिम केन्द्र पर्सा के आयोजना मे आजु एक दिने निःशुल्क आँखा शिबिर पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं २ टिहुकी मे पुरा भईल बा ।

आँखा शिविर मे प्रमुख अतिथी गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता भौतिक बिकास के साथे मानव बिकास के भी जरुरी रहल बा । मानव जीवन रक्षा मे सब से महतपूर्ण आँख रहल बा । आँख चेकजाँच करईला के बाद मोतियाबिन्दु रोगीलोग के निःशुल्क अप्रेशन करेके बतवनी ।

आँखा शिबिर मे मोतियाबिन्दु भईल आदमी के आपन सवारी मे राखके लेजाके अप्रेसन कराके घर तक पुगावे के आ खाए आ रहेके ब्यवस्थापन करेके अध्यक्ष गुप्ता बतवनी । स्वास्थ्य केन्द्र टिहुकी सेढा मे आयोजना कईल शिविर मे ४ सय ३५ जने आँख चेकजाँच करवले रहलन ।

जउना मेसे २ सय ४ जने मे मोतियाबिन्दु मिलल आयोजक संस्था जनवले बा । शिबिर मे निःशुल्क दवाई भी बाँटल गईल रहे । छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं २ टिहुकी के वार्ड अध्यक्ष महेन्द्र प्रसाद कलवार के अध्यक्षता मे भईल शिविर मे केडिया अँखा अस्पताल के चिकित्सक रासदेव साह, संतोष साह, राजेश अधिकारी, चनरमन पटेल लगायत के टोली अाँख चेकजाँच कईले रहलन । शिबिर मे वार्ड स्दसय बासुदेव साह, अमोद कुमार केवट, पत्रकार लालबाबु बानिया, लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।