नदी मे उमेश के लास मिलल

भोटा. संवाददाता

वीरगंज २२ असाढ,

पर्सा के बिन्दबासिनी गाँवपालिका के गादी खोला मे एक जने पुरुष के लास मिलल बा । उहे गाँँवपालिका के वार्ड नं. ३ इटियाही के ४० बरीस के उमेश सहनी के लास मिलल बा । बिन्दबासिनी–५ पर्सौनीभाठा स्थित गादी खोला से दाहवा रहल अवस्था मे सहनी के लास मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । सहनी बिन्दबासिनी गाँवपालिका–१ गर्दौलस्थित ससुराली मे रहत आईल रहलन । उनकर मेहरारु आ बालबच्चा मुम्बई मे रहत आईल स्थानीय जनवले बाडन ।

असाढ २० गते शनिचर के उ ससुराली से घर जाएके खातिर निकलल रहलन । उ बहुते दारु पियत आईल स्थानीयलोग बतवले बाडन । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता मनोजित कुँवर घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहल बतवनी । “देह मे सियार से काटल जईसन घाव देखल गईल बा । आउर चोटपटक नइखे देखल गईल,” डीएसपी कुँवरकहनी कि, “घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल बा ।” लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे राखल बा । “मृत्यु के कारण पोस्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद खुली,” डीएसपी कुँवर बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।