प्रदेश २ मे थपईलें २९ जने कोरोना संक्रमित

भोटा. संवाददाता
वीरगंज २२ असाढ,
पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे २९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । सामाजिक विकास मन्त्रालय के मुताविक प्रदेश २ मे आजु ४ जने जनानी आ २५ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
धनुषा मे एक जने, महोत्तरी मे २० जने आ सर्लाही मे ८ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला जनकपुर मे कईल परीक्षण के समय मे उलोग के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल मन्त्रालय जनवले बा । एकरा सँगे प्रदेश २ मे संक्रमित के संख्या ३ हजार ७ सय ३७ पुगल बा ।
कोरोना परीक्षण के खातिर कईल स्वाब के नमुना संकलन मेसे २ हजार ७ सय ९८ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी रहल मन्त्रालय जनवले बा । मन्त्रालय के मुताविक ३ हजार ५६ जने शंकास्पद संक्रमित प्रदेश २ के अनेकन क्वारेन्टिन मे रहल बाडन ।
धनुषा के धनौजी गाँवपालिका स्थित क्वारेन्टिन मे १ जने, महोत्तरी के भंगाहा नगरपालिका क्वारेन्टिन मे २० जने आ सर्लाही के चक्रघट्टा क्वारेन्टिन मे ४ जनानी सहित ८ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल मन्त्रालय जनवले बा ।
सोमार के दिने प्रदेश २ से ५६ जने संक्रमित डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन । अस्पताल मे देखभाल आ ईलाज के बाद ११ जने जनानी सहित ५६ जने कोरोनामुक्त होके घर गईल वरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत विजयकुमार झा जानकारी देहनी ।
प्रदेश २ मे अभी तक २ हजार ९१ जने डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन ।





