पोखरा आ नदी मे डुब के दु जने के मृत्यु

वीरगंज २८ असाढ

पर्सा के बहुदरमाइ नगरपालिका मे पोखरा मे डुब के एक जने बुढ के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे बहुदरमाइ नगरपालिका ६ गम्हरिया टोल के ६५ बरीस के नगिना साह कानु रहल प्रहरी चौकी महुवन के प्रहरी सहायक निरीक्षक अवधलाल साह जानकारी देहनी ।

एतवार के रात शौच करे गईल समय स्थानीय रामनरेस साह के मछरी के पोखरा मे डुब के कानु के मृत्यु भईल बा । शौच करे घर से बाहर निकलल कानु रात अबेर तक घर ना अईला के बाद परिवारजन पुलीस के जानकारी करवले रहलन । घर ना आईल जानकारी मिलला के बाद रात से हि खोजतलास कईला पर पोखरा मे डुबल अवस्था मे कानु के लास मिलल इलाका प्रहरी कर्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक दीपक थापा जानकारी देहनी ।लास पोस्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल प्रहरी निरीक्षक थापा बतवनी ।

नदी मे डुब के लइकी के मृत्यु

बारा मे नदी मे डुब के लइकी के मृत्यु भईल बा । आदर्श कोतवाल गाँवपालिका–८ जमुनिया रहेवाला अब्दुल कलाम के ९ बरीस के बेटी रोशन तारा के नदी मे डुब के मृत्यु भईल बा । उ जमुनी नदी के किनार मे बकरी चरावे गईल रहनी । नदी मे हाथ गोड धोवेके समय मे गिरला पर नदी मे डुब के मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।