कलैया मे मास्क ना पहिनेवाला ५०६ जने के पुलीस पकडलख

प्रभु यादव

बारा २३ असाढ

विश्वव्यापी महामारी के रूप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के सङ्क्रमण नियन्त्रण आ रोकथाम के खातिर गृह मन्त्रालय घर बाहर निकलला पर अनिवार्य रुपमे मास्क लगावे के निर्णय कईले बा । प्रकोप नियन्त्रण एवं न्यूनीकरण के खातिर नेपाल सरकारद्वारा प्रचारप्रसार तथा जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा समेत से भईल निर्देशन मुताविक मास्क प्रयोग ना करेवाला के बारा पुलीस कारवाही कईले बा ।

बिना मास्क व्यवसाय सञ्चालन करेवाला व्यापारी, सवारी चलावेवाला चालक, पैदल चलेवाला यात्रीलोग मेसे ४२० जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पकड के सङ्क्रामक रोग ऐन २०२० मुताविक जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारामार्फत प्रति व्यक्ति एक सय रोपेया जरिवाना के बाद छोडले बा । मास्क ना पहिनेवाला जिल्ला प्रहरी कार्यालय कलैया से ५०६ जने के पकडले बा । जउना मेसे ८६ जने के सम्झा बुझा के छोडल गईल आ ४२० जने के एक सय रोपेया के दर से जरिबाना लेके छोडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।