बियफे से बाढ पहिरो के जोखिमः सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा

काठमाण्डु २३ असाढ,

आवेवाला बियफे से शनिचर तक बाढ पहिरा के जोखिम बढेवाला बा । मनसुन न्यूनचापीय रेखा नेपाल के तराई भूभाग लगे रहेवाला भईला से बियफे के रात से नेपाल मे मनसुन आउर सक्रिय होके बाढ पहिरा के जोखिम बढेके सम्भावना रहल वरिष्ठ मौसमविद् मीनकुमार अर्याल बतवनी । मनसुन सक्रिय भईला सँगे नेपाल के बहुते जईसन जगहा मे लगातार वर्षात के साथे तराई आ पहाड के कुछ भूभाग मे भारी वर्षात भी होखेके बतावल गईल बा ।

तराई के भूभाग मे पानी के बहाव बढेके आ पहाड मे पहिरो जाएके, सडक तथा हवाई यातायात प्रभावित होखेके तथा ढलपानी के बढिया निकास ना भईल जगहा मे डुबान भी होखेके सम्भावना भईला से मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जरुरी सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईले बा । एहितरे बाढ पूर्वानुमान महाशाखा प्रदेश १ आ २ के तराई के भूभाग मे बाढ के जोखिम बेसी होखेके जनावल गईल बा । उ क्षेत्र मे पूर्वतइयारी मे लागे खातिर सभी मे निहोरा कईल बा ।

अभी देशभर सामान्य बदली होके प्रदेश नं १, वाग्मती आ गण्डकी प्रदेश, प्रदेश नं ५ तथा सुदूरपश्चिम आ कर्णाली प्रदेश के कुछ जगहा मे हल्का वर्षात हो रहल बा । आजु दिन के देशभर सामान्य बदली होके देश के बहुते जईसन जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

मौसम महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम २१ डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २९ दशमलव ४ डिग्री सेल्सियस बा । आजु सब से कम जुम्ला के न्यूनतम तापक्रम १५ डिग्री आ सब से बेसी धनगढी के अधिकतम तापक्रम ३४ दशमलव ४ डिग्री सेल्सियस बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।