पर्सा के भिस्वा मे रोड पर धान रोपके स्थानिय कईलें प्रदर्शन

भोटा. संवाददाता
वीरगंज २४ असाढ,
पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. ५ भिस्वा के स्थानीय पाँकी भईल रोड पर धान रोप के प्रदर्शन कईले बाडन । वर्षात शुरु भईला सँगे भिस्वा बजार होत वीरगंज आवेवाला सडकखण्ड मे पाँकी भईला के बाद धान रोप के विरोध प्रदर्शन कईल स्थानीय बतवले बाडन । भिस्वा गाँव से भिस्वा बजार होत जिल्ला सदरमुकाम वीरगंज जाएवाला सडक मे पाँकी भईला से आवत जावत करेमे समस्या भईला के बाद रोड पर धान रोपल स्थानीय हरेन्द्र कुशवाहा बतवनी ।
“सडक के दुरावस्था से गाँव मे मोटरसाइकल, साइकल, एम्बुलेन्स आवे जाए सकेवाला अवस्था नइखे । पैदल यात्रु के भी रोड पर चलेमे समस्या हो रहल बा” कहके बतवनी । गाँवपालिका मे स्रोत आ साधन भईला पर भी स्थानीय जनप्रतिनिधि से समस्या समाधान के खातिर चासो ना देखईला से रोड पर धान रोपाइँ कईल कुशवाहा बतवनी । सडक से तीन फिट उँच नाला बनावल माकिर सडक के उचाइ ना बढईला से पानी के निकास होखे ना सकला से सकड मे पानी जमल स्थानीय के कहनाम बा ।
माकिर छिपहरमाई गाँवपालिका के अध्यक्ष मनोज गुप्ता उ सडकखण्ड बनावे के जिम्मा प्रदेश सरकार के भईल बतवले बाडन । सडक बनावे खातिर प्रदेश सरकार से ठेक्का लगावल आ ठेकेदार कम्पनी के लापरवाही के चलते गाँववासी समस्या भोगेमे बाध्य भईल उनकर कहनाम बा । “सडक के दुरावस्था के चलते जनता के समस्या भईल बा, माकिर उ सडक बनावे खातिर प्रदेश सरकार ठेक्का लगवले बा,” कहत उ “ठेकेदार कम्पनी तथा प्रदेश सरकार के सडक के समस्या के बारे मे बेर बेर दबाव देत आईल बानी । माकिर नइखन सुनत ।” रास्ता मे धान रोपे खातिर जनता के ना आवेके कहत गाँवपालिका अध्यक्ष गुप्ता राजनीतिक उक्साहट मे रोड पर धान रोपाइँ करेके काम हो रहल बतवनी ।






