पाकिस्तान मे मन्दिर बनावे ना देहल बिरोध मे नेपाल विश्व हिन्दु महासंघद्धारा वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज २७ असाढ,
पाकिस्तान के प्रधानमन्त्री इमरान खान के विरोध मे नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ आजु वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बा ।
पाकिस्तान के इस्लामावाद मे पहिलका ऐतिहासिक मन्दिर निर्माण मे उहाँ के अदालत रोक लगावल कहत ओकर विरोध मे आजु वीरगंज मे नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।
प्रदर्शन मे सहभागी हिन्दु धर्म समर्थक पाकिस्तानी प्रधानमन्त्री इमरान खान के विरोध मे नाराबाजी करत उनकर पुत्ला भी जरवले रहलन ।
ओकरा से पहिले वीरगंज के श्रीपुर से विश्व हिन्दु महासंघ पर्सा से निकालल विरोध जुलुश नगर परिक्रमा करत घण्टाघर चोक मे पुग के कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।
कोणसभा के सम्बोधन करेवाला हिन्दु धर्म के अगुवा पाकिस्तान के प्रधानमन्त्री खान खुदे आदेश देहला के बाद इस्लामावाद मे मन्दिर निर्माण के काम सुरु कईल माकिर बाद मे उहाँ के राजनीतिक दवाब मे मन्दिर निर्माण मे रोक लगाके हिन्दु धर्मावलम्बी उपर अन्याय कईल बतवनी ।
नेपाल के प्रधानमन्त्री पाकिस्तानी प्रधानमन्त्री से कुटनीतिक सम्वाद करके मन्दिर निर्माण के काम सुचारु ना करईला पर नेपाल के प्रधानमन्त्री के भी पुत्ला जरावे मे खुदसब बाध्य होखेके चेतावनी उलोग देहले बाडन ।
कोणसभा के सम्बोधन करत नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ राष्ट्रिय उपाध्यक्ष विजय प्रकाश बिन ८४ प्रतिशत हिन्दु रहल नेपाल मे राष्ट्रिय मुस्लिम आयोग जईसन राष्ट्रिय हिन्दु आयोग भी सरकार से गठन करेके माग कइनी ।
’जदि राष्ट्रिय हिन्दु आयोग सरकार से गठन ना करी त मुस्लिम आयोग भी खारेज होखेके पडि’, कहत उ, ‘नेपाल के पहिचान हिन्दु राष्ट्र हि ह, ई कायम करेके पडि ।
ना त हिन्दु राष्ट्र के खातिर नेपाल के हिन्दु एकजुट होके सडक मे उतरीहें ।’
नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ राष्ट्रिय सचिव अभिषेक तिवारी पाकिस्तान मे हिन्दु उपर हो रहल ज्यादती के नेपाल के मुस्लिम समुदाय भी विरोध जनावे के निहोरा कइनी ।
नेपाल मे भी हिन्दु धर्म आ हिन्दु धर्मावलम्बी उपर धावा बोलेके काम हो रहल कहत तिवारी विदेशी डलर के प्रभाव मे परके नेपाल के धर्मनिरपेक्ष राष्ट्र बनावल आरोप लगवनी ।
उ कहनी कि, ‘क्रिश्चियन हावी होत जा रहल बाडन । जदि सरकार समय मे ना सोंची त देशभर के हिन्दु आपन धर्म आ धार्मिक पहिचान जोगावे खातिर सडक मे आवे खातिर तईयार बाडन ।’
नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष राम अयोध्या महत्तो के अध्यक्षता मे भईल विरोध प्रदर्शन मे नगर अध्यक्ष अनुराग झा के भी सहभागिता रहल रहे ।






