आउर ७० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, ४३१ जने डिस्चार्ज

काठमाण्डु २७ असाढ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ७० जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक ३ हजार ६४८ नमुना परीक्षण कईला पर उलोग मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
साथे आउर तीन जने के कोरोना संक्रमण के चलतेमृत्यु भईल बा । काठमाण्डु के दु आ सिन्धुपाल्चोक के एक पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
एहितरे मन्त्रालय के मुताविक २८ जिल्ला मे संक्रमित मिलल बाडन । माकिर कहीँ भी दोहोरो अंक मे नइखे । सबसे बेसी सिन्धुपाल्चोक आ दाङ मे ५÷५ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
एहितरे सुनसरी, उदयपुर, स्याङजा, तनहुँ आ कञ्चनपुर मे ४÷४ जने, काठमाण्डु, मोरङ, धादिङ, सर्लाही, बाग्लुङ आ सुर्खेत मे ३÷३ जने आ झापा, म्याग्दी, कास्की, बाँके, बर्दिया आ जुम्ला मे २÷२ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
एहितरे सिराहा, नुवाकोट, चितवन, सिन्धुली, रौतहट, पर्वत, पाल्पा, रुकुम पश्चिम, सल्यान आ अछाम के एक÷एक जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । एकरा सँगे नेपाल मे कुल संक्रमित के संख्या १६ हजार ७१९ पुगल बा ।
एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे ४३१ जने डिस्चार्ज भईल बाडन । एकरा सँगे ठिक होखेवाला के संख्या ८ हजार ४४२ पुगल बा ।





