आउर ८२ जने मे कोरोना संक्रमण, उपत्यका मे ६ जने

काठमाण्डु २८ असाढ
पिछिलका २४ घण्टा मे ८२ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । ३ हजार ९१६ नमुना के परीसीआर टेष्ट कईला पर ८२ जने मे संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना से संक्रमित होखेवाला के संख्या १६ हजार ८०१ पुगल बा ।
उलोग मेसे ३८ जने के मृत्यु भईल बा आ ८ हजार ५८९ जने ठिक भईल बाडन । पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र १४७ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
एहितरे मन्त्रालय के मुताविक सब से बेसी धनुषा मे १९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे सुर्खेत मे ११, कालीकोट मे ७, पर्वत मे ६, चितवन मे ५, मोरङ, बाग्लुङ, पर्वत, लमजुङ, रुकुम पश्चिम, डडेलधुरा, कैलाली आ दार्चुला मे २÷२ जने संक्रमित मिलल बाडन ।
झापा, सर्लाही, सिन्धुपाल्चोक, सोलुखुम्बु, नवलपुर, स्याङजा, गोरखा, गुल्मी, पाल्पा, दैलेख, बझाङ मे एक÷एक जने मे संक्रमण थपाईल स्वास्थ्य मन्त्रालय जनवले बा ।
एहितरे काठमाण्डु उपत्यका मे ६ जने संक्रमित मिलल बाडन । काठमाण्डु मे ५ आ ललितपुर मे एक जने मे संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम बतवनी । एकरा सँगे उपत्यका मे संक्रमित के संख्या ३४७ पुगल बा ।






