मकवानपुर मे ८१ किलो गाँजा सहित ट्रक डाईबर पकडईलें

काठमाण्डु ६ सावन

मकवानपुर मे पुलीस ८१ किलो ३५० ग्राम गाँजा सहित ट्रक डाईबर के पकडल गईल बा ।

राक्सिराङ गाँवपालिका–४ के ४२ बरीस के बाबुराम नेगी के ना८ख ८२८४ नम्बर के ट्रक आ गाँजासहित बुध के सबेरे करीब ३ बजे के समय मे पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय मकवानपुर जानकारी देहले बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय मनहरी मकवानपुर से खटल पुलीस टोली नेगी के मनहरी गाँवपालिका–८ सिमपानीस्थित पूर्वपश्चिम लोकमार्ग से उनका के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।

सडक मे शंकास्पद अवस्था मे रोक के राखल ट्रक के चेकजाँच कईला पर पछाडि ढाला मे लुकाके राखल गाँजा मिलल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।