आउर ११६ जने मे कोरोना संक्रमण, वीरगंज मे एक जने संक्रमित के मृत्यु

काठमाण्डु ३१ असाढ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ११६ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
देशभर के प्रयोगशला मे पाँच हजार ९० नमुना परीक्षण कईला पर उलोग मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या १७ हजार १७७ पुगल बा ।
वीरगंज मे एक जने के मृत्यु
कोरोना संक्रमण के चलते नेपाल मे आउर एक जने के मृत्यु भईल बा ।
रौतहट के परोहा नगरपालिका–७ के ३६ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम जानकारी देहनी ।
उ कोरोना संक्रमण के चलते भारत के बेंगलोर मे मृत्यु भईल भईला के अन्त्येष्टि मे सहभागी होके २४ असाढ मे मात्र घर आईल रहलन ।
उनका के स्थानीय तह क्वारेन्टिन मे रखले रहे । सरदी खोकी, बोखार के साथे स्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद उनका के असाढ २९ गते वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के मातहत मे रहल गण्डक अस्पताल मे आईसीयू मे भर्ना कईल रहे ।
उनका कोरोना भाइरस के संक्रमण भईल बुध के दिने मात्र पुष्टि भईल रहे । स्वास्थ्य गम्भीर भईला के बाद बुध के दिने हि भेन्टिलेटर मे राखल आ दिन के २ः३० बजे के समय मे मृत्यु भईल मन्त्रालय जनवले बा ।
नेपाल मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ३९ पुगल बा ।
एहितरे मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी सुर्खेत मे २८ संक्रमित थपाईल बाडन ।
सप्तरी के १३, नवलपुर के ११, म्याग्दी के ९, चितवन के ८, काठमाण्डु के ७, धनुषा के ६ आ रौतहट के ५ जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे कास्की, तनहुँ, सल्यान, दैलेख के ३÷३ जने, जुम्ला, डडेलधुरा आ सल्यान के २÷२ जने तथा धनकुटा, ताप्लेजुङ, मोरङ, नुकाकोट, सिन्धुपाल्चोक धादिङ, पाल्पा, गोरखा, अछाम, जाजरकोट आ मुगु के एक÷एक जने के कोरोना परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल मन्त्रालय जनवले बा ।
अनेकन अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर से आउर ६१७ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज भईल बाडन । एकरा सँगे अभीतक ठिक होखेवाला के संख्या ११ हजार २५ पुगल मन्त्रालय जनवले बा ।





