वीरगंज कारागार के एक बन्दी के मृत्यु

वीरगंज ०१ सावन

वीगंज कारागार मे बन्दी जीवन बिता रहल एक जनानी के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज–१५ घर भइल ४९ बरीस के कान्तिह कहेवाली सविला खातुन के नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल कारागार प्रमुख श्रवण पोखरेल जानकारी देहनी ।

लागुऔषध मुद्दा मे उनका विरुद्ध पर्सा जिल्ला अदालत १५ बरीस कैद आ ५ लाख जरिवाना के फैसला कईले रहे । १५ बरीस कैद भुक्तानी कईल उ जरिवाना बापत कैदी जिवन बितावत रहली ।

“१५ बरीस कैद भुक्तानी हो चुकल रहे, जरिवाना तिरले रहती त उ छुट चुकल रहनी,” कहत जेलर पोखरेल, “जरीवाना तिरे ना सकली, जरिवाना के खातिर चार बरीस कैद रहेके रहे ।”

पोखरेल के मुताविक खातुन के बितल रात ११ बज के ३४ मिनेट मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे । उ क्रोनिक चर्म रोग के मरेजी रहली ।

उनका हृदयाघात भईल आशंका कईला पर भी मृत्यु के कारण पोष्टमार्टम के बाद जानकारी होखेके ईलाज जमे संलग्न चिकित्सक बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।