सवारी पार्किङ्ग निषेध कईल बिरोध मे व्यापारीद्धारा प्रदर्शन

वीरगंज ०१ सावन
सवारी पार्किङ निषेध कईल बिरोध मे वीरगंज के व्यापारीलोग पुलीस प्रशासन आ महानगरपालिका विरुद्ध प्रदर्शन कईले बाडन ।
व्यवस्थित वीरगंज अभियान अन्तर्गत घण्टाघर से माईस्थान तक दु तर्फी सवारीसाधन आवत जावत करेवाला मेनरोड मे सवारी पार्किङ निषेध कईल विरोध मे उ क्षेत्र के व्यापारीलोग आजु आपन आपन दोकान बन्द करके बिरोध प्रदर्शन कईले रहलन ।
सवारी पार्किङ होत आईल क्षेत्र मे पार्किङ निषेध कईला पर ग्राहकलोग आपन दोकानसब मे आईल छोडला से व्यापार हि चौपट भईल कहत व्यापारीलोग बिरोध जनवले बाडन ।
घण्टाघर से माईस्थान तक के व्यापारीलोग कोरोना के चलते व्यापार प्रभावित भईल आ अभी स्थानीय प्रहरी प्रशासन आ वीरगंज महानगरपालिका के चलते सवारी पार्किङ मे रोक लगईला पर व्यापार चौपट भईल कहत कमा के खाए के अधिकार दिलावे खातिर निहोरा कईले रहलन ।
उलोग एकरा से पहिले विरोध प्रदर्शन कईला पर महानगर के प्रमुख विजयकुमार सरावगी के ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन ।
नगरप्रमुख सरावगी आजु से ई सम्बन्ध मे व्यवस्थापन करेके प्रतिबद्धता जनवला पर भी उ कार्यान्वयन ना भईल कहके व्यापारीलोग सिकाईत कईले बाडन ।
व्यापारीलोग विरोध प्रदर्शन करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय, पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत के ध्यानाकर्षण करवले रहनी । सप्रजिअ बस्नेत ई काम महानगर के भईला से एकरा बारेमे बुझेके बतवले रहनी ।






