कलैया अस्पताल के ईमर्जेन्सी सेवा बाहेक सभी सेवा बन्द रही

प्रभु यादव

बारा २७ पुस

बारा जिल्ला के एक मात्र सरकारी अस्पताल कलैया अस्पताल विहान से ईमर्जेन्सी सेवा बाहेक सभी सेवा बन्द रहेके जनावल गईल बा ।

कोरोना महामारी के समय मे अस्पताल से संचालित कोरोना उपचार एवंम ब्यवस्थापन मे जोखिम मोड के काम कईला वाद भि जोखिम भत्ता उपल्बध करावे के निर्णय भईल अनुसार आपना सब के ना मिलल १० महिना बितला बादो कवनो सुनुवाइ ना होरहल बा जवना के लेके विहान से कलैया अस्पताल के कर्मचारी सब बहुते जरुरी रहल ईमर्जेन्सी बाहेक अस्पताल के सम्पुर्ण सेवा बन्द कर के आन्दोलन करे के निर्णय कईले बाडन ।

अस्पताल मे रहल करिब ६० जने कर्मचारी लोग संघर्ष समिति बना के आन्दोलन करे के तईयारी भईल बा । अस्पताल के कर्मचारी अनुसार अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट के बहुते बेर मौखिक आ लिखित जानकारी गरावल गईल माकिर अभि तक भत्ता उपलब्ध ना होखे सकला से आन्दोलन मे जाएके पर रहल जानकारी देहले बा ।

संघर्ष समिति आक्समीक सेवा बाहेक अस्पताल के सम्पूर्ण सेवा सब बन्द कर के अस्पताल के प्राङगन मे शान्तिपूर्ण धर्ना मे बईठे के जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।