कलैया उमनपा १६ मे कुशवाहा के अध्यक्षता मे १७ सदस्यीय टोल सुधार समिति गठन

वीरगंज ०३ सावन
बारा जिल्ला कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १६ मे १७ सदस्यीय टोल सुधार समिति गठन भईल बा ।
स्थानिय भद्रभलादमी, टोलवासी के बैठकसे अनिल कुमार कुशवाहा के अध्यक्षता मे गठन भईल समिति के उपाध्यक्ष मे रामाधार प्रसाद यादव, सचिव मे केशव यादव, सहसचिव मे शनि कुमार राम, कोषाध्यक्ष मे रन्जु देवी रहल बाडन ।
एहितरे सदस्यलोग मे बिनोद कुमार यादव, प्रवेश कुशवाहा, चन्दन राम, राजन प्रसाद कुशवाहा, ओमप्रकाश प्रसाद कुशवाहा, नागेन्द्र राम, बिरेन्द्र राम, दिनकर मण्डल, अजय कुमार साह, पन्नालाल यादव, धनेश्वर राम रहल बाडन ।
एहितरे समिति के बईठक से टोल, समाज मे रहल समस्यासब के पहिचान करके समस्या समाधान खातिर सम्बन्धित निकाय मे पहल करेके निर्णय भी भईल अध्यक्ष कुशवाहा बतवले बानी ।
एहितरे सावन ६ गते मझौलिया स्कूल मे दोसर बईठक बईठेके निर्णय भईल जनावल गईल बा ।






