नक्कली नोट सहित ३ जने पकडईले

प्रभु यादव

बारा ०३ सावन

नकली नोट सहित तीन जने के बारा प्रहरी पकडले बा । लागू औषध कारोवारी आ संचय करेवाला सुचना मिलला पर लागू औषध नियन्त्रण व्युरो कोटेश्वर काठमाण्डौ के टोली आ बारा प्रहरी के सयुक्त टोली महागढीमाई नगरपालीका वार्ड नम्वर २ चौक से तीन आदमी के पकडले बा प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडाईल बारा के आदर्शकोतवाल गा.पा.वडा नं. ६ के वरीस ३० के नरेन्द्र प्रसाद कुशवाहा, .सिम्रौनगढ नगरपालिका वडा नं.५ के वरीस २६ के मनोज कुमार साह तेली आ भारत बिहार मोतिहारी जिल्ला पुर्वी चम्पारण थाना झरौखर ग्राम कोरैया वडा नं. १० के वरीस २५ के सुधिर कुमार कुशवाहा रहल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

बरियारपुर चोक मे करिब दिन के समय मे मिलल तिनु आदमी के नियन्त्रण मे लेके देह आ बोक के आईल झोला खानतलासी कईल क्रम मे उ लोग के साथ से नक्कली जईसन देखाई पडल नेपाली नोट एक हजार दर के एक हजार चार सय ६५ थान, एक सय दर के सात सय ४६ थान, नक्कली भारतीय नोट पांच सय दर के दुई सय ८४ थान, ५० दर के सात सय छव थान सहित तीनु जने के पकडल गईल प्रवक्ता मिश्र जनकारी देहले बानी ।

पक्रडाईल लोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान कईल जारहल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।