सप्तरी मे भादो १५ गते तक निषेधाज्ञा

सप्तरी २ भादो

सप्तरी मे तिसरका बेर निषेधाज्ञा के समय थप कईल बा । पिछिलका बेर आवेवाला भादो १५ गते तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी राखेके निर्णय भईल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे आजु बईठल जिल्ला के राजनीतिक दल के प्रतिनिधि, नागरिक समाज के प्रतिनिधि, जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के पदाधिकारी के संयुक्त बईठक से कईल सिफारिस के आधार मे भादो १५ गते रात ११ बजे तक के खातिर निषेधाज्ञा थप करेके निर्णय भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी शंकरहरि आचार्य जानकारी देहनी ।

जिल्ला मे सक्रिय संक्रमित के संख्या २ सय से बेसी रहल आ जिल्ला के अनेकन जगहा मे संक्रमित के संख्या बढ रहला से निषेधाज्ञा थप कईल आचार्य बतवनी ।

सप्तरी मे एकरा से पहिले १९ सावन से २६ सावन तक आ २६ सावन से २ भादो तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।