सर्लाही मे डुब के तीन जने के मृत्यु

जनकपुरधाम ४ सावन

सर्लाही के अलग अलग जगहा मे डुब के एक लइकी सहित तीन जने के मृत्यु भईल बा ।

पुलीस के मुताविक गोडैता, बागमती आ हरिपूर्वा नगरपालिका मे १–१ जने के मृत्यु भईल बा ।

मृत्यु होखेवाला दु जने मानसिक सन्तुलन ठीक ना भईल आदमी बाडन ।

गोडैता नगरपालिका ८ रहेवाला मानसिक सन्तुलन ठीक ना भईल २५ बरीस के विकाश कुमार दास के घर से ५ सय मिटर दक्षिण रहल पोखरा मे डुब के मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा ।

एहितरे, बागमती नगरपालिका ६ रहेवाला गोबिन्द सुवेदी के ४२ बरीस के मेहरारु अम्बिका काफले के मानपुर शाखा के नहर मे डुब के मृत्यु भईल बा ।

मानसिक सन्तुलन ठीक ना भईल उ बागमती नगरपालिका ८ स्थित नइहर मे रहत आईल रहली ।

एहितरे, बलवा नगरपालिका ९ घर भईल हरिपूर्वा नगरपालिका ७ बसतपुर रहत आईल बिकाउ ठाकुर के ७ बरीस के बेटी चाँदनी ठाकुर के भी नहर मे डुब के मृत्यु भईल बा ।

उ ईया सँगे खेत मे काम करे गईल रहली । ईया धान रोप रहल समय उ गौशाला नगरपालिका ७ ट्याक्टर बाँधस्थित सेक्टर नहर मे पानी पिए गईल रहली ।

उहे समय मे उहाँ नहर मे डुब के उनकर मृत्यु भईल सर्लाही के प्रहरी प्रवक्ता मदन कुँवर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।