चोख हथियार से घेँट रेतल अवस्था मे एक जने मिललें

वीरगंज १० असाढ

वीरगंज महानगरपालिका–२६, सुगौली विर्ता मे घेँट मे चोख हथियार से काटल अवस्था मे एक जने घायल मिलल बाडन ।

स्थानीय अन्दाजी ४५ बरीस के सरफुद्दिन मियाँ घायल अवस्था मे मिलल बाडन ।

उनका के ईलाज के खातिर नेशनल मेडिकल कलेज मे लेगईल बा । ब्लड प्रेसर, मुटु के धडकन ठिक रहल आ घायल के अवस्था सामान्य रहल अस्पताल जनवले बा ।
गाँव के दखिन ओरी रहल सातो माई मन्दिर लगे स्थानीय वीरबहादुर राउत के पोखरा बा ।

पोखरा के आँट के बगल के धान खेत मे छटपटारहल अवस्था मे स्थानीय देखला के बाद सबेरे साढे ५ बजे पुलीस के खबर कईले रहलन ।

वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के टोली उनका के तत्काल ईलाज के खातिर नेसनल मेडिकल कलेज पठवले रहे ।

उ सबेरे तीन बजे हि घर से निकलल रहलन । पुलीस परिवार के सदस्य आ पडोसी से पुछपाछ सुरु कईले बा ।
ज्यान मारेवाला उद्योग उनकर घेंट मे चोख हथियार से काटल हो सकेके आशंका कईल बा । घायल मिलल जगहा मे एगो मोबाइल भी मिलल बा ।

पुलीस घटना मे संलग्न रहल आशंका मे दु जने के नियन्त्रण मे लेके पुछपाछ कररहल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डिएसपी मनोजित कुँवर घायल के ईलाज सँगे पुलीस घटना के बारे मे अनुसन्धान शुरु कईल बतवनी ।

“अस्पताल घेँट मे गहिर घाव बा, शल्यक्रिया करेके पडि कहले बा”, कहत उ, “अभी परिवार के सदस्य आ पडोस सँगे पुछपाछ कर रहल बानी । घायल के होस अईला के बाद उनकर भी बयान लेहेम ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।