बारा मे ४६ जने मे कोरोना पुष्टि देवताल गाउपालीका के काम काज थप

प्रभु यादव

सावन ५ गते बारा

बारा जिल्ला मे सोमवार ४६ जने मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।

नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे स्वयव संकलन कर के पेठावल गईल जवना के जाँच कोरोना पोजिटिभ अाईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी रूद्र प्रसाद पण्डित जनकारी करावले बानी ।

देवताल गाउपालीका मे ३४ जने , सवर्ण गाउपालीका मे ३ जने , कलैया उपमहानगरपालीका के ३ जने आ सर्लाही के धनकौल के कर्मचारी कार्यरत ६ जने मे पोजेटिभ मिलल जनकारी भईल बा ।

स्थानिय निकाय के वार्ड अध्यक्ष , स्वास्थ्यकर्मी आ कर्मचारी आ कुछ स्थानिय लोग रहल पण्डित जनकारी करावले बानी । जनानी ११ जने आ ३४ जने मर्दाना रहल बाडन ।

सब से अधिक मिलल देवताल गाउपालीका के काम काज अनिश्चित खातिर दुसरका सुचना ना होई तब तकले के लेल बन्द कईल गईल बा ।

देवताल गाउपालीका मे जायेवाला दुसर स्थानिय तह से अावत जावत मे पुर्ण रोक लगावल गईल बा साथे दवाई , तरकारी , दूध , खद्दान्य समान के बाहेक सब दुकान बन्द करेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी पण्डित सुचना जारी कईले बानी ।

गाव घर मे लागेवाला बजार सब पुर्ण रूप से बन्द करे के निर्देशन कईले बा । अ

सर्वजनिक गाडी सञ्चालन मे आईल दिन बारा मे बहुते संख्या मे भेटल कोरोना पोजेटिभ के कारण बारा के जनता त्रास मे बनल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।