हिन्दु स्वयंसेवक संघ वीरगंजद्धारा सामुहिक खिचडी कार्जक्रम, भेदभाव हटावेमे जोड

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज ०१ माघ, हिन्दु स्वयंसेवक संघ नेपाल बीरगंज माघे संङ्क्रान्ति के अवसर मे सामुहिक खिचडी कार्जक्रम कईले बा ।
हिन्दु स्वयंसेवक संघ नेपाल वीरगंज समता ममता आ समरसता के पर्व मकर संङ्क्रान्ति के अवसर मे वीरगंज के बाईपास केशव धाम मे एक कार्जक्रम के बिच हिन्दू धर्म मे दलित शब्द के कहीं उच्चारण ना भईल आ दलित राजनीतिक शब्द भईला से हिन्दु धर्म के ग्रन्थ मे दलित ना भईला से एकरा के अभी कुछ आदमीसब आपन स्वार्थ पुरा करेके उदेश्य से अनेकन जातजाति के बर्णन कईल सहभागीलोग बतवले रहलन । हिन्दु धर्म ग्रन्थ मे उल्लेख भईल मुताविक जनानी आ पुरुष मात्र रहला से हिन्दु से छुवाछूत के अन्त अभी ना पहिले हि हिन्दु धर्म ग्रन्थ मे उल्लेख रहल बतवले रहलन ।
पहिले दलितलोग से पानी ना चलेके तथा छुवाछूत के भेदभाव राखेवाला भईला मे हिन्दु स्वयंसेवक संघ छुवाछूत के अन्त्य करे खातिर हमनी सभी हिन्दु हई आ हमनी के धर्म संस्कृति पहिचान एके ह कहके उदेश्य से ई कार्जक्रम के आयोजना कईल संघ जनवले बा ।
कार्जक्रम मे कथित दलित जेकरा के नेतालोग आपन राजनिक आखडा आ राजनीतिक भोट बैंक मात्र बनावेके उदेश्य से आम धर्म के विभाजन कईल संघ के बुझाई रहल बा । भाषा मे दलित कहल बा, कार्जक्रम मे डोम, चमार, दुशाद लगायत हिन्दु के अनेकन जात जाति के आदमीसब के एके जगहा मे बोला के सभी के घर से तिल, चिउरा के लड्डु लियावेके आ सभी मिलाके खात खिचडी मनावल गईल रहे ।
कार्जक्रम मे सभी जातजाति के आदमी आ संघ के स्वयंसेवकलोग एके जगहा मे बईठके सामुहिक खिंचडी खईले रहलन । हिन्दु सभी हमनी भाई भाइ भाइ हई, हमनी जातिय भेदभाव करेके ना चाहिं, हमनी हिन्दूलोग मे समता, ममता आ समरसता के भाव होखेके संघ के बुझाइ रहल बा ।