ताला लगावेवाली जनानीलोग हि पाकाहामैनपुर गा.पा.के ताला तुरली

वीरगंज ०७ सावन,

पर्सा जिल्ला के पकाहामैनपुर गाँवपालिका मे लगावल ताला आजु जनानीलोग हि तुरले बाडि ।

गाँवपालिका उपाध्यक्ष कुसुमी देवी आपन व्यक्तिगत स्वार्थ पूरा ना भईला पर गाँव के जनानीलोग के भुलिया के लगावल ताला ताला आजु जनानीलोग हि तुरले बाडि ।

गाँवपालिका के अध्यक्ष विजयकुमार चौरसिया आ निमित्त प्रमुख कार्यकारी अधिकृत महेश प्रसाद सिंह कार्यालय मे ना रहल समय गाँवपालिका के जनानीलोगके गलत सूचना देके उपाध्यक्ष कुछ जनानीलोग के समुह बोला के ताला लगवईले रहली ।

ताला लागला के बाद गाँवपालिका कार्यालय के कामकाज पुरा रुपसे बन्द रहल रहे ।

गाँवपालिका अध्यक्ष एकतर्फीरूप मे गाँवसभा कईल आ आर्थिक पारदर्शिता ना राखल जईसन आरोप लगावत सावन ४ गते एतवार के दिने कुछ जनानीलोग के समुह जम्मा करके उपाध्यक्ष देवी तालाबन्दी लगवले रहली ।

उपाध्यक्ष देवी आपन निजि प्रयोग के खातिर गाँवपालिका से गाडी लगायत के सेवा सुविधासब मागत आईल बाडि ।

माकिर गाँवपालिका कार्यालय तत्काल गाडी उपलब्ध करावे ना सकेके बतईला के बाद खिंस मे गाँवपालिका के कामकाज बन्द होखेवाला किसिम से लागा लगवले रहली ।

असार ३१ गते पुरा भईल गाँवसभा मे उपाध्यक्ष देवी सहभागी होके अन्तिम तक बईठल रहली ।

माकिर उ उनका के गाँवपालिका से गाडी देवेके माग मे गाँवसभा के सदस्य विरोध जनवला के बाद उ ताला लगवले रहली ।

ताला तुरला के बाद आजु से गाँवपालिका के सभी कामकाजसब फेनु सुचारु भईल गाँवपालिका जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।