मोटरसाईकिल के ठोकर से बुढ घायल
मेघराज राय
जीराभवानी ११ सावन
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका मे मोटरसाइकल के ठोकर से एक जने बुढ गम्भीर घायल भईल बाडन ।
जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. एक के गम्हरिया मे द्यच् द्दद्द भ् ण्छद्दद्ध नम्बर के मोटरसाइकल के ठोकर से उहें रहेवाला ६५ बरीस के नथुनी मिया तेलि गम्भीर घायल भईल बाडन ।
घायल तेली के गोड टुटल, नाक आ कान से खुन बहल पुलीस चौकी सुवर्णपुर जनवले बा ।
गम्भीर घायल भईल बुढ के ईलाजज के खातिर बीरगंज के तराई अस्पताल मे पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।
ठोकर देवेवाला मोटरसाइकल आ चालक १४ बरीस के अशोक बिक के पुलीस नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कर रहल पुलीस चौकी सुवर्णपुर के प्रहरी नायब निरीक्षक उपेन्द्र प्रसाद चौधरी जानकारी देहनी ।






