आउर ईलाज के खातिर पर्सागढी के मेयर हेलिकप्टर मार्फत काठमाण्डु गईलें

वीरगंज २६ सावन

पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका के मेयर लोकनारायण यादव के आउर ईलाज के खातिर हेलिकप्टरमार्फत काठमाण्डु पठावल गईल बा ।

मेयर यादव के श्री एयरलाइन्स के हेलिकप्टरमार्फत आजु दिन के काठमाण्डु के मेडिसिटी अस्पताल लेगईल गिरिराज कँडेल दिपेन जानकारी देहनी ।

श्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद उ बितल शुक के दिने वीरगंज के तराई अस्पताल मे भर्ना भईल रहनी ।

देमे अक्सिजन के मात्रा कम भईला के बाद उनका के अक्सिजन देके तराई अस्पताल मे ईलाज चलत रहे । स्वास्थ्य अवस्था मे सुधार भी आरहल अस्पताल स्रोत जनवले बा ।

वीरगंज मे कोरोना परीक्षण करईला पर मेयर यादव के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल रहे ।

माकिर तराई अस्पताल दुनु फोक्सो मे निमोनिया के संक्रमण देखल गईल कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण भईल बतावल गईल बा ।

अस्पताल के मेडिसिन विभाग प्रमुख डा. रोशन कुर्मी के मुताविक मेयर यादव के स्वास्थ्य अवस्था सुधारोन्मुख हि बा ।

‘श्वास प्रश्वास मे समस्या, खोकी, खकार मे खुन देखल गईला से अस्पताल मे शुक के दिने भर्ना भईल रहनी । सिटी स्क्यान करके देखला पर दुनु फोक्सो मे निमोनिया के संक्रमण रहे ।

देह मे अक्सिजन के भी कमी रहे,’ कहत उ, ‘अईला पर एकदमे सिरियस अवस्था मे रहला पर भी हमनी आइसोलेटेड करके ईलाज कईले रहनी । निमोनिया मे सुधार होत रहे ।

अक्सिजन ना लेके रहे लागल रहनी ।’ माकिर पहिले से हि परिवार के सदस्य ईलाज के खातिर काठमाण्डु लेजाए खातिर हेलिकप्टर के बन्दोबस्ती मे लागल रहलन ।

मेयर यादव के चिन्हल डाक्टर सँगे के समन्वय मे हेलिकप्टर से मेडिसिटी मे लेगईल डाक्टर कुर्मी बतवनी ।

विविध कारण से वीरगंज मे दोहरा के कोरोना जाँच करे ना मिलला पर भी मेयर यादव मे कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण हि देखल गईल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।