प्रादेशिक अस्पताल के आईसीयू एक हप्ता के खातिर बन्द

जनकपुरधाम १२ सावन,
ईलाज करावे आईल युवक के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल खुलला के बाद जनकपुधराम स्थित प्रादेशिक अस्पताल के आईसीयू सोमार से बन्द कईल बा ।
बेसी बोखार, सरदी खोकी आ सास लेवेमे समस्या भईला के बाद शनिचर के अस्पताल भर्ना भईल धनुषा के शहीद नगरपालिका ८, डुमरिया के ३८ बरीस के युवक के एतवार के दिन मे धरान लेजाए के समय मे मृत्यु भईल रहे ।
उनकर मृत्यु के बाद प्रादेशिक अस्पताल भितर के आईसीयू कक्ष के ७ दिन तक के खातिर बन्द कईल अस्पताल के कोरोना आइसोलेसन वार्ड के प्रमुख डा. जामुन सिंह जानकारी देहनी ।
उ कहनी कि, ‘मृत्यु भईल कोरोना संक्रमित के आईसीयू मे राख के ईलाज कईल ई कक्ष के हप्ता तक के खातिर सिल कईल बा ।’






