मनसुन सक्रियः तीन दिन वर्षात होखी

काठमाण्डु, १३ सावन

मनसुन सक्रिय भईला सँगे देश के अधिकांश जगहा मे वर्षात हो रहल बा ।

बितल रात से न्यून चापीय रेखा (वर्षात करावेवाला प्रणाली) नेपाल के तराई भू–भाग लगे रहला से मनसुन आउर सक्रिय होके वर्षात भईल मौसमविद् राजु प्रधानाङ्ग बतवनी ।

अब के तीन दिन (सावन १५ गते तक) देशभर बदली रह के देश के अधिकांश जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के साथे कुछ जगहा मे भारी वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

मौसमविद् के मुताविक ई बरीस वैशाख से अभी तक प्रशस्त पानी पड रहला से जमिन गल चुकला से कुछ समय के हल्का से मध्यम वर्षात से भी बाढ, डुवान आ पहिरा के जोखिम बढल बतावल गईल बा ।

मनसुन सक्रिय भईला सँगे नदीसब मे पानी के बहाव बढेके, भू–क्षय होखेके, पहिरो जाएके, सडक तथा हवाई यातायात प्रभावित होखेके तथा ढल÷पानी के बढिया निकास ना भईल जगहा मे डुबान भी होखे सकेवाला भईला से महाशाखा सतर्कता अपनावे खातिर सभी मे निहोरा कईले बा ।

मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम २१ दशमलव ५ डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २९ दशमलव ४ डिग्री सेल्सियस रहल बा ।

आजु सबसे कम जुम्ला के न्यूनतम तापक्रम १७ दशमलव २ डिग्री आ सब से बेसी धनगढी के अधिकतम तापक्रम ३३ दशमलव ४ डिग्री सेल्सियस रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।