रिलायन्स सुगर एण्ड केमिकल प्रालि किसान के उपेक्षा कर रहल : अध्यक्ष कुशवाहा

प्रभु यादव

बारा २० अगहन

कलैया उपमहानगरपालिका वडा नम्वर १६ श्रीपुर मे रहल रिलायन्स सुगर एण्ड केमिकल प्रालि किसान के उपेक्षा कर रहल बा ।

उखु किसान उत्पादक संघ बारा के अध्यक्ष विरेन्द्र कुशवाहा चिनि मिल किसान के उपेक्षा करहल जनकारी करावले बानी । सनिचर के दिन मिल ढुङ्गापूजा कईले बा जवना के किसान संघ बारा बहिस्कार कईले बा ।

हरेक बरीस पुजा मे उखु किसान सब के नेवता देके बोलावेला कारखाना माकिर संघ के प्रतिनिधि के मात्रे बोलावाले रहे उखु किसान संघ बारा से पूजा बहिस्कार कईल गईल संघ के अध्यक्ष कुस्वाह बतावले बानी ।

किसान आ मिल के विच मे नङ्ग मासु के सम्बन्ध होखे के चाहिँ मिल ब्यवयस्थापन से किसान सब के बेयवस्था करहल कुशवाहा बतावले बानी । मिल संचालन कइल निमन बात बा माकिर किसान के उपेक्षित कइल बहुत खराब बात भईल कुशवाहा जनकारी करावले बानी । उख खेती करेवाला किसान के सम्मान कइल सब से जरूरी रहल बा माकिर नाबोलावला से उद्योग के पूजा मे सहभागि ना होखे के निर्णय कईल गईल बा ।

सनिचर के दिन ११ बजे के खातिर नेवता आईल रहल माकिर ओजगह किसान के ना बोलावला से आपने पुग के बहिष्कार करेके परल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

आजु सबेरे ९ बजे केनमेनेजर डिएन शर्मा कहन कहा बानी आईना पूजा सुरु होगईल कह के जनकारी करावले रहलन । जवना से आपना के अउरी ना निमन लागल अध्यक्ष कुशवाहा जनकारी देहनी ।

किसान के सेवा सुविधा देवे मे रिलायन्स मिल के ब्यवस्थापन कम्जोर रहल बा । किसान से लाखो करोडो कमावेला माकिर पुजा के दिन किसान के बोला के परसादी तक खियावे ना सकल उ मिल के सब से अधिक कमजोरी रहल समिति के कहनाम बा । जवन बहुते दुःख के बात भईल अध्यक्ष कुस्वाहा के कहनाम रहल ।

मिल प्रबन्धक से सम्पर्क करेके खोजला पर ना भईला से बात ना राखे सकल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।