प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय के तीन जने कर्मचारी मे कोरोना

जनकपुरधाम १४ सावन
प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय के तीन जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
मन्त्रालय के स्टोर किपर, सवारी चालक आ एक जने कार्यालय सहजोगी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सवारी चालक ३५ बरीस के पुरुष, स्टोर किपर ५० बरीस के पुरुष आ कार्यालय सहजोगी २५ बरीस के पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्री के नीजि सचिवालय जनवले बा ।
प्रदेश के स्वास्थ्य निर्देशनालय के सह–निर्देशक विजय झा मन्त्रालय के तीन जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि कईले बाडन ।
उ मन्त्रालय के २२ जने के स्वाब संकलन करके जाँच कईला पर तीन जने मे पोजेटिभ देखल गईल बा ।
पोजेटिभ देखल गईल तीनु जने के आइसोलेसन मे पठावल गईल आ पोजेटिभ आदमी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ्ग करेके काम हो रहल उ बतवनी ।






