वीरगंज नगवा मे घोडा दौड प्रतियोगिता, भारत बिहार मोतिहारी के बिचारी यादव के घोडा प्रथम
वीरगंज नगवा मे घोडा दौड प्रतियोगिता, भारत बिहार मोतिहारी के बिचारी यादव के घोडा प्रथम

अजय चौरसिया
वीरगंज २० बैशाख
ब्रहम बाबा संचालक सेवा समिति नगवा एवं बि.पि. कोईराला युवा नेतृत्व विकास मञ्च के संयुक्त आयोजना मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ नगवा मे घोडा दौड प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।
नगवा ब्रहम बाबा मन्दिर से दखिन मे भईल प्रतियोगिता के प्रमुख अतिथि नेपाली कांग्रेस पर्सा के अध्यक्ष तथा मधेश प्रदेश के भूमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारी मन्त्री जनार्दन सिंह क्षेत्री रिबन काटके उदघाटन कईले रहनी ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि क्षेत्री बितल समय मे घोडा के दौड आ भेंडा के लडाई समाज से लोप होत जा रहला मे एकरा के संरक्षण कईल जरुरी रहल बतवनी । ई प्रतियोगिता से हमनी के नेपाल आ भारत बिच के सम्बन्ध प्रगाढ बनईले बा साथे संस्कृति के बँचावे मे भी बडका भुमिका खेलल बतवनी ।
कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर इम्तियाज आलम भारत से सहभागी प्रतियोगीलोग के धन्यवाद देत अईसन लोपोन्मुख घोडा दौड प्रतियोगिता से नयाँ पुस्ता, सीमावर्ती क्षेत्र आ विदेशी पर्यटकलोग के आकर्षित कईल बतवनी । उ आवेवाला दिन मे ई प्रतियोगिता के आउर भव्य बनावे खातिर महानगरपालिका के ओरी से सकेभर सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।
प्रतियोगिता मे नेपाल आ भारत के १६ गो घोडासब सहभागी भईल रहे । पाँच चरण मे भईल घोडा दौड मे भारत बिहार मोतिहारी के बिचारी यादव के घोडा प्रथम, मोतिहारी कोटवा के मनेजर यादव के घोडा द्वितिय आ हरिशंकर सिंह के घोडा तृतिय स्थान हासिल कईले रहे । विजयी घोडा के मालिकलोग के कुलर, स्टेन पंखा, शिल्ड, मेडल से प्रमुख अतिथि मन्त्री क्षेत्री, विशिष्ट अतिथि नेपाली काँग्रेस पर्सा के उप–सचापति रामनारायण कुर्मी, उपमेयर आलम पुरस्कार देहले रहनी ।
ब्रहम बाबा संचालक सेवा समिति के अध्यक्ष प्रभु चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे समिति के उपाध्यक्ष रामहरी साह गोढ, सचिव श्याम सुन्दर प्रसाद चौरसिया, सह–सचिव मनोज पडित कुम्हाल, कोषाध्यक्ष विध्यालाल प्रसाद कुर्मी, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सह–सचिव अजय चौरसिया, राष्ट्रिय समाचार समिति पर्सा के प्रमुख हिमाल लम्साल लगायत स्थानियलोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।