एसईई नतिजा एक हप्ता मे

काठमाण्डु १४ सावन

राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) के नतिजा प्रकाशन के तईयारी अन्तिम चरण मे पुगल जनवले बा ।

आवेवाला एक हप्ता मितर नतिजा सार्वजनिक करेके तइयारी हो रहल बोर्ड के सदस्य सचिव दुर्गाप्रसाद अर्याल जानकारी देहनी ।

नोवेल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के चलते एसईई ना होखेके भईला के बाद विद्यालय से कईल आन्तरिक मूल्यांकन के आधार मे नतिजा सार्वजनिक करे लागल बा ।

विद्यालयसब जिल्ला समन्वय इकाइ मार्फत बोर्ड मे पठावल अंक रुजु होरहल सदस्य सचिव अर्याल बतवनी ।

६ चईत के खातिर तोकल परीक्षा अन्तिम समय मे स्थगित भईल रहे ।

ई बरीस देशभर ४ लाख ८२ हजार २१९ विद्यार्थी एसईई के तईयारी कईले रहलन ।

विद्यार्थीलोग के मूल्यांकन प्रधानाध्यापक अध्यक्ष आ सम्बन्धित किलास शिक्षक तथा सम्बन्धित माध्यमिक तह के शिक्षकलोग मेसे नियुक्ति के आधार मे सबसे जेष्ठ शिक्षक प्रतिनिधि सदस्य रहल मूल्यांकन समिति कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।