कलैया अस्पताल पुराने परम्परा से सेवा देरहल, सेवाग्राही समस्या मे

प्रभु यादव

बारा १४ सावन

बारा के कलैया मे रहल जिल्ला अस्पताल मे सेवा लेवे आवेवाला सेवाग्राही सब मार मे पडरहल ।

५० सय्या के रहल अस्पताल मे ल्याव आ एक्सरे सब पुराना परम्परा मे चलला से आपना सब के दुःख झेले के परहल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ७ के प्रधुमन तिमलसेना सिकाईत कईले बानी ।

एक महिना पहिले अस्पताल मे गोड फुलल विमारी लेके आईल रहनी खुन, पेसावसब चेक जाँच कईल गईल जवना के रिपोट हाथ से लिख के मिलल जवना के दुसरा अस्पताल मे डाक्टर देखे से ईनकार करदेहलख आपन दुःख सुनावत तिमल्सिना जानकारी करावले बाडन ।

कलैया अस्पताल मे भिडियो एक्सरे ना भईला से वीरंगज नेशनल मेडिकल क्लेज अस्पताल मे पुगला पर जिल्ला अस्पताल के डाक्टर से लिखल पुर्जी पर ना कर के मेडिकल अस्पताल के डाक्टर से लिखला वाद करेम कहला पर देखावे पहुँचला वाद कलैया अस्पताल के हस्तलिखित रिपोट ना देख के फेक देहलक आ कम्युटराईज रिपोट के मान्यता देवे के कहत फेर से सभे चेक जाँच करावेला पईसा के भार बोके के परल तिमल्सिना दुःख सुनावनी ।

बुध के दिन गोड झिन झिनाईला वाद चेक करावे पहुचल कलैया अस्पताल मे सिकायत करत जनकारी करावले बानी ।

ल्याव भईल ठाव मे बरन्डा मे दाता लोग से बनावल बईठे वाला टेबुल के लग मे कर्मचारी लोग मोटरसाईकल राख के जाम कर देहला से रिपोट खातिर बईठेवाला सेवाग्राही सब के सास्ती भईल देखावत सिकायत तिमल्सिना कईले बानी ।

अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष किशोरी प्रसाद कलवार से जनकारी लेहला पर काम करेवाला कर्मचारी के अभाव भईला से रिपोट कम्पयुटराईज ना होरहल जानकारी करावले बानी ।

ल्याव आ बरन्डा मे राखल मोटरसाईकल के सम्बन्ध मे जानकारी लेहला पर अस्पताल प्रशासन से जानकारी कर के बतावेके कहनी ।

अस्पताल के मेसु डाक्टर विरेन्द्र प्रसाद मण्डल से जानकारी कईल पर जनशक्ति के अभाव भईल आ कुछ निति नियम के कमी रहला से ल्याव मे रिपोर्टिङ हस्तलिखित देहल जारहल जनकारी करावले बानी ।

कलैया अस्पताल से देहल गईल रिपोर्ट के सरकारी अस्पताल सब मे मन्यता देहल जारहल बा माकी प्राईभेट अस्पताल सब के पईसा कमाए के रहला से आपन जगह कईल गईल के मन्यता देवेके करेला सिकायत मेसु मण्डल कईले बानी ।

मोटरसाईकल के बाहर पार्किङ करे के जगह रहल बा माकिर वर्षात भईला से बरन्डा मे रखदेहले होई ओकरा के व्यवस्थापन करावल जाई मण्डल जनकारी करावले बानी ।

कलैया अस्पताल मे स्तर उन्नति के खातिर प्रदेश सरकार से रकम पेठावल गईल माकिर अस्पताल के मेसु आ व्यवस्थापन पक्ष के कमी के कारण पुराने अवस्था मे अस्पताल सञ्चालन मे रहल प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य पारस साह जनकारी करावले बानी ।

बारा जिल्ला के गरीब परिवार के जाँच करेवाला जगह मे पैसा आवेला माकिर राजनैतिक चलखेल के कारण सेवा सब मे सुविधा ना देहल जारहल सिकायत नागरीक समाज के बारा अध्यक्ष उमेशलाल दास कईले बानी ।

जनता के स्वास्थ्य से खेलवाड करत विकास समिति के सदस्य आ मेसु मिलके आपन घराईसी अस्पताल बना के आपन जनानी के सेनियर नर्स मे आ भागबन्डा मे एमबुलेन्स के चालक राख के कमारहल बा कलैया बासी के सिकायत रहल बा ।

अस्पताल मे सेवा लेवे आरहल विमार लोग के कवनो ख्याल ना राख के जे बा उ डाक्टर लोग आपने आप के वडा मान के इमर्जेन्सी सेवा मे खटेवाला लोग पलह से एक एक जने लागल रहेलन जवकी डाक्टर सहित चार जने के डिउटी रहला जानकारी आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।