वीरगंज हेल्थ केयर के अस्थायी कोभिड अस्पताल बनावे खातिर सिफारिस

वीरगंज १५ सावन,

पर्सा मे निरन्तर कोरोना संक्रमित के संख्या बढत जा रहल बा । सब से बेसी प्रभावित वीरगंज बा ।

वीरगंज मे स्थानीय प्रशासन अनिश्चितकालिन निषेधाज्ञा लगवले बा । कोरोना संक्रमण के चलते पर्सा मे ७ जने के मृत्यु भइल बा ।

वीरगंज स्थित गण्डक अस्थायी कोरोना अस्पताल मे ६० जने संक्रमित राखल बा । आईसीयू मे रहल ५ जने मेसे २ जने के अवस्था गम्भीर बा ।

८ जने सिद्धार्थ मावि मे बाडन, पर्सागढी मे ५ जने, सखुवा प्रसौनी मे ३ जने आ ठोरी मे १ जने के राखल बा ।

जगहा के कमी भईला पर १ सय के हाराहारी मे संक्रमित के घर मे राखल गईल बा ।

इहे समस्या समाधान के खातिर वीरगंज मे दोसर एगो निजी अस्पताल के अस्थायी कोभिड अस्पताल बनावे खातिर सिफारिस कईल बा ।

वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल के अस्थायी कोभिड अस्पताल के रुप मे सञ्चालन अनुमति देवे खातिर केन्द्रिय संकट व्यवस्थापन सञ्चालन केन्द्र (सीसीएमसी), स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय आ प्रदेश नं २ सामाजिक विकास मन्त्रालय समक्ष सिफारिस कईल बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के अध्यक्षता मे बियफे के दिने संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक बईठल रहे ।

उहे बईठक के निर्णय मुताविक वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल के कोभिड अस्पताल के रुप मे सञ्चालन करे खातिर सिफारिस कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत बतवनी ।

‘भईल अस्थायी कोभिड अस्पताल मे संक्रमित राखेवाला जगहा नइखे, ओहिसे दोसर कोभिड अस्पताल के व्यवस्थापन कईल जरुरी बा,’ कहत उ, ‘वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल कोभिड अस्पताल के रुप मे प्रयोग करे देवेके सहमत भईल बा ।

अनुमति के खातिर उपरला निकाय मे पठावल गईल बा । अनुमति मिलल अवस्था नइखे ।’

पर्सा जिल्ला मे कोभिड–१९ संक्रमितलोग के संक्रमित के संख्या बढत गईल आ लक्षण भी लउके लागल अवस्था मे नारायणी गण्डक कोभिड अस्पताल मे बेड संख्या नपुग होके लक्षण देखल गईल संक्रमित के भी अस्पताल पुगावे ना सकल निर्णय मे उल्लेख बा ।

आकोभिड अस्पताल के व्यवस्था कईल जरुरी देखल गईला सँगे कोभिड–१९ शंकास्पद तथा संक्रमित के पहिचान, रोकथाम, नियन्त्रण तथा ईलाज सेवा सरकारी अस्पताल से मात्र उपलब्ध करावे ना सकेके देखल गईला से ओईसन निर्णय मे पुगल केन्द्र के निष्कर्ष बा ।

वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल कोरोना भाइरस के संक्रमण ईलाज वापत अस्पताल के अनुदान उपलब्ध करावे के सम्बन्धी आदेश २०७७, बमोजिम कोभिड अस्पताल सञ्चालन करे देवेके सहमति भी जनवले बा ।

सय शैय्या के हेल्थकेयर हस्पिटल मे ८ गो भेन्टिलेटर, २६ गो आईसीयू सञ्चालन मे बा । अस्पताल मे चिकित्सक, नर्स, स्वास्थ्यकर्मी, कर्मचारी करके १ सय ९५ जने के हाराहारी मे कर्मचारी कार्यरत बाडन ।

पिछिलका दिन मे कोरोना महामारी मे संक्रमित से ईलाज ना मिलल अवस्था देख के कोभिड अस्पताल सञ्चालन के खातिर सहमत भईल हेल्थ केयर अस्पताल के सञ्चालक डा अबुल हैस अन्सारी जानकारी देहनी ।

वीरगंज के पिछिलका परिस्थिति गम्भीर बनत गईल बा ।

आइसोलेसन के कमी मे लक्षण सहित के संक्रमित ईलाज ना मिलेके अवस्था बा,’ कहत उ, ‘विषम परिस्थिति मे कम भईला पर भी सहजोग पुगी कहके कोभिड अस्पताल चलावे देवेके निर्णय मे पुगल बानी ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।