कोरोना नियन्त्रण के खातिर प्रदेश २ सरकारद्वारा ७ करोड निकासा

जनकपुरधाम १५ सावन

प्रदेश २ सरकार कोरोना भाइरस नियन्त्रण करे खातिर आउर ७ करोड रोपेया निकासा कईले बा ।

निकासा कईल रोपेया से कोभिड अस्पताल निर्माण से आइसोलेसन व्यवस्थापन करेके सरकार जनवले बा ।

मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद के कार्यालय बियफे के दिने उ रोपेया निकासा कईल मुख्यमन्त्री के सचिवालय जनवले बा ।

सचिवालय के मुताविक संघीय सरकार कोरोना नियन्त्रण के खातिर देहल ई रोपेया निकासा करके खर्च कईल जाई ।

ई रकम कोभिड हस्पिटल निर्माण तथा हाल सञ्चालन मे रहल आइसोलेसन के आउर व्यवस्थापन, मरेजी के खाना खाजा, बेड संख्या मे वृद्धि के खातिर खर्च कईल जाई ।

बारा के सिमरा मे कोभिड अस्पताल निर्माण के खातिर १ करोड ७५ लाख, पर्सा मे कोभिड अस्पताल के निर्माण एवं शववाहन तथा एम्बुलेन्स खरिद के खातिर १ करोड ५० लाख, रौतहट, सप्तरी आ सर्लाही मे आइसोलेसन व्यवस्थापन के खातिर ७५÷७५ लाख तथा धनुषा, महोत्तरी आ सिरहा के खातिर ५०÷५० लाख खर्च करेके मुख्यमन्त्री के सचिवालय जनवले बा ।

जिल्ला से माग भईल मुताविक आउर रोपेया व्यवस्थापन करेके मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद के कार्यालय जनवले बा ।

प्रदेश सरकार एकरा से पहिले कोरोना नियन्त्रण के खातिर ६८ करोड रोपेया निकासा कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।