गाँजा सहित पटेर्वासुगैली गाँवपालिका के वार्ड सदस्य के बेटा पकडईलें

मेघराज राय
जीराभवानी २२ कुवार
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नं. ५ देउरिया से बहुते मात्रा मे लागूऔषध गाँजा सहित एक वार्ड सदस्य के बेटा राज ओझैया के पकडले बा ।
विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल पुलीस टोली वार्ड सदस्य ओझैया के घर मे छापा मारला पर चोरालुका के राखल अवस्था मे १ सय ३१ किलोग्राम गाँजा बरामद कईल पुलीस जनवले बा ।
उ बरामद गाँजा आ ओझैया के नियन्त्रण मे लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे आउर अनुसन्धान सुरु कईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।
एकरा से पहिले पुलीस जिराभावानी गाँवपालिका के एगो वार्ड अध्यक्ष के बेटा शशिकान्त चौधरी के भी लागूऔषध सहित पकडले रहे ।
उ सरकारी नम्बर प्लेट के मोटरसाईकल प्रयोग करके प्रतिबन्धित लागूऔषध ४० थान, कोटिन फलेक्ट पी सीरप ८ थान आ स्टाम्पो २ थान सहित पकडले रहे ।
ग्रामिण क्षेत्र से बहुते गाँजा, चरेस, अफिम जईसन लागूऔषध के तस्करी बढल बा ।






