कोभिड नियन्त्रण मे ना खटेवाला २५ स्वास्थ्यकर्मी पकडईलें

वीरगंज १५ सावन

पर्सा मे बियफे के दिने २५ जने स्वास्थ्यकर्मी पकडाईल बाडन ।

वीरगंज महानगरपालिका कोरोना भाइरस (कोभिड १९) संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर खटावल कहल कर्मचारीलोग काम मे ना अईला के बाद उलोग के पकडल गईल बा ।

महामारी के अवस्था मे काम मे अनेकन बहानाबाजी करके काम मे ना खटेवाला कर्मचारी के पकड के लियावे खातिर प्रशासन आदेश देहला के बाद उलोग के पकडल गईल पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त जानकारी देहनी ।

‘वीरगंज महानगरपालिका कोभिड मे खटावल कर्मचारीलोग काम मे नइखन गईल, प्रशासन के आदेश से २५ जने के नियन्त्रण मे लेहले बानी ।’

कहत उ ‘अभी भी ५ जने के खोजी कर रहल बानी ।’

प्रशासन कोभिड महामारी मे खटावे खातिर कर्मचारी माग कईला के बाद महानगरपालिका ३० जने कर्मचारी के विवरण अस्पताल मे पठवले रहे ।

जउना मेसे ४ जने जनस्वास्थ्य निरीक्षक, ११ जने सिनियर अहेब (छैटौं), ६ जने हेल्थ असिस्टेन्ट, ५ जने अहेब आ ४ जने अनमी पठवाल रहे ।

माकिर अस्पताल से उलोग के सम्पर्क कईला पर केहु भी सकारात्मक जवाफ ना देहल तितो अनुभव नारायाणी अस्पताल के डा. उदय नारायाण सिंह लगे बा ।

कुछलोग हमनी काज सरुवा के पत्र बुझले नइखी, काहेकि पहिले के भत्ता देहल नइखे, ओहिसे आवे ना सकेके कहनी ।

कुछलोग व्यक्तिगत आ परिवारिक स्वास्थ्य समस्या देखवले बाडन ।’

कहत उ ‘केहु भी आवे खातिरत इयार नइखन ।

ओकरा बाद मेसु सर आ प्रशासन के जानकारी करवले बानी ।’

नारायणी अस्पताल मे स्वाब संकलन, आउर आइसोलेसन व्यवस्थापन, अस्थयी कोभिड अस्पताल मे जरुरी जनशक्ति के कमी बा ।

ओकरा खातिर स्थानीय प्रशासन महानगरपालिका से कर्मचारी मँगले रहे ।

महानगर के स्वास्थ्य महाशाखा के कर्मचारी से सहजोग कईला पर आउर आइसोलेसन सेन्टर स्थापना करके सञ्चालन मे लियावे सकेके प्रशासन के निष्कर्ष बा ।

विपद् के समय काम ना करेवाला कर्मचारी के नियन्त्रण मे लेवे खातिर उपरला निकाय से आदेश भईला से उहे मुताविक निर्देशन देहल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत बतवनी ।

महानगरपालिका हि ३२ बेड के आइसोलेसन सिद्धार्थ मावि मे तईयार करके राखल बा,’ कहत उ, ‘अस्पताल आ स्वास्थ्य कार्यालय सँगे प्रयाप्त जनशक्ति नइखे, जईसे तईसे भरथेग कर रहल बाडन । म

सँगे कर्मचारी माँगला पर भी काम करे खातिर केहु भी तइयार ना भईल सिकाईत आईल । ओकरा बाद पकडके लियावे के खातिर क हल गईल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।