वन तथा वातावरण मन्त्री के प्रमुख अतिथ्यता मे पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

मेवालाल यादव

रौतहट ०९ अगहन

आवेवाला अगहन १४ गते के दिन रौतहट के माधोपुर बजार मे वन तथा वातावरण मन्त्री रामसहाय यादव के प्रमुख अतिथ्यता मे बृहत् पार्टी प्रवेश आयोजना होखेके जनावल गईल बा ।

माधवनारायन नगरपालिका अन्तर्गत रहल माधोपुर बजार स्थित जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के आयोजना मे बृहत् पार्टी प्रवेश कार्जक्रम होखे जा रहला मे नेपाल सरकार के वन तथा वातावरण मन्त्री यादव, लगायत पार्टी के केन्द्रिय, जिल्ला स्तर के बरिष्ठ नेतालोग के सहभागीता होखेके पार्टी रौतहट जनवले बा । उ पार्टी प्रवेश कार्यक्रम के भब्यता के साथ सफल बनावेके बारेमे जनसमुदाय मे जसपा पार्टी अव्हान कईले बा । बृहत पार्टी प्रवेश तथा ३० वाँ अपाङ्ग दिवस के अवसर मे अपाङ्गलोग के सहजोग सामान बाँटेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।