कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर दु जने के मृत्यु

वीरगंज १५ सावन
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण से वीरगंज मे आउर दु जने के मृत्युु भईल बा । ३५ आ ६५ बरीस के पुरुष के बियफे के दिने मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ५४ पुगल बा ।
ई मेसे ८ जने सावन मे मात्र पर्सा मे निधन भईल कोरोना संक्रमण हउवन । कोरोना संक्रमण के चलते बारा के २ जने आ रौतहटत के १ जने के मृत्यु भी वीरगंज मे भईल रहे ।
ईलाज के समय मे मृत्यु
वीरगंज–१६ नगवा के ३५ बरीस के पुरुष के गण्डक कोरोना अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
बोखार आवेके, श्वासप्रस्वास मे समस्या लेके मंगर के दिने वीरगंज आईल उनकर स्वाब के नमुना लेके इमजेन्सी मे भर्ना कईल रहे ।
उनकर ईलाज के समय मे बियफे के सँझिया ७ः४० बजे निधन भईल डाक्टर निरज सिंह जानकारी देहनी ।
बोखार अईला के बाद उ सावन ५ गते निजी क्लिनिक मे पुगल रहलन । माकिर स्वास्थ्य मे सुधार ना अईला के बाद १३ गते तराई हस्पिटल मे भर्ना भईलन ।
उहाँ से उहे दिन कोरोना अस्पताल मे रिफर कईल रहे ।
उनकर पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल नारायणी अस्पताल के प्रमुख मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ड डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
घर मे मृत्यु भईल आदमी मे भी संक्रमण
एहितरे वीरगंज मे सबेरे घर मे मृत्यु भईल आउर एक जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज–२ छपकैया के ६५ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
घर मे मृत्यु भईल जानकारी अईला के बाद नारायणी अस्पताल के टोली जाके दिनके स्वाब संकलन कईले रहे । सँझिया पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल डा.उपाध्याय बतवनी ।
मृतक सहित बियफे के दिने पर्सा, बारा आ रौतहट मे १६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमित मेसे ८ जने जनानी बाडि ।
नारायणी अस्पताल मे कार्यरत २ स्टाफ नर्स, १ जने सफाईकर्मी, औषधि कम्पनी से पेड पीसीआर परीक्षण करावल १३ जने पर्सा के बाडन । बारा के २ जने आ रौतहट के १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।






