पर्सा मे जेठ २० गते तक निषेधाज्ञा बढल

वीरगंज १२ जेठ
पर्सा जिल्ला मे वैशाख १६ गते से जारी निषेधाज्ञा फेनु एक हप्ता के खातिर थप कईल बा । बुध के दिने दुपहरिया बईठल जिल्ला कोभिड संकट व्यवस्थापन केन्द्र (डिसिसिएमसी) के बईठक से जेठ १३ गते बियफे तक के खातिर लगावल गईल निषेधाज्ञा जेठ २० गते तक के खातिर थपेके निर्णय कईले बा ।
जिल्ला मे कोरोना संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर जारी भईल निषेधाज्ञा संक्रमण के साङगलो तुरे खातिर (चेनब्रेक) उपयोगी देखल गईला से जेठ २० गते मध्यरात १२ बजे तक के खातिर थपेके निर्णय कईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भीमकान्त पौडेल जानकारी देहनी ।
दुसरका लहर के कोरोना संक्रमण बढत गईला के बाद पर्सा जिल्ला मे वैशाख १६ गते से लगावल गईल निषेधाज्ञा पहिलका बेर वैशाख २३ गते से फेनु थप करके वैशाख ३० गते तक के खातिर बढावल गईल रहे ।
ओकरा बाद दुसरका बेर वैशाख ३० गते से जेठ ६ गते तक के खातिर आ तिसरका बेर थप करके जेठ १३ गते बियफे तक के खातिर निषेधाज्ञा थपल गईल रहे । निषेधाज्ञा लगायत जिल्ला मे संक्रमण दर घटत गईला से बुध के दिने डिसिसिएमसी के बईठक बईठके आउर एक हप्ता अर्थात् जेठ २० गते तक के खातिर थपेके निर्णय कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी पौडेल जानकारी देहनी ।




