वीरगंज मे कोरोना आतंक, चिकित्सकसहित के विज्ञ टोली पठावे खातिर राजनीतिक दलसब के माग

वीरगंज १५ सावन
पर्सा के क्रियाशिल राजनीतिक दल कोरोना भाइरस (कोभिड १९) संक्रमण नियन्त्रण करे खातिर चिकित्सक सहित के विज्ञ टोली तत्काल वीरगंज पठावे के माग कईले बाडन ।
जिल्ला मे कोरोना संक्रमित के संख्या हरेक दिन बढत जा रहला मे गम्भीर चिन्ता व्यक्त करत उलोग विज्ञ टोली मार्फत संक्रमण नियन्त्रण आ संक्रमित के व्यवस्थापन करके दिन स्वास्थ्य मन्त्रालय से निहोरा कईले बाडन ।
पर्सा आ बारा मे बुध के दिने मात्र चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी, नेपाली सेना लगायत ५३ जने मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।
बियफे के दिने जिल्ला के प्रमुख राजनीतिक दल नेपाली कांग्रेस, जनता समाजवादी पार्टी आ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष लगायत प्रदेश सांसद, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष आ सामाजिक अभियन्ता सहित के सर्वपक्षीय बईठक से ५ बुँदे निर्णय कईले बा ।
निर्णय के पहिलका बुँदा मे कोरोना महामारी नियन्त्रण करे खातिर विज्ञ टोली वीरगंज पठावे के माग कईल जसपा के युवा नेता ओमप्रकाश सर्राफ बतवनी ।
वीरगंज मे कोरोना संक्रमित के संख्या हरेक दिन बढत गईला के बाद १ सय से बेसी संक्रमित घर घर मे बाडन ।
५० बेड के कोरोना विशेष अस्थयी अस्पताल गण्डक मे ६० जने से बेसी संक्रमित के राखल बा ।
लक्षण सहित के संक्रमित बेसी देखल गईला से अवस्था जटिल बनत गईल जनस्वास्थ्य विज्ञलोग बतावेलन । क्वारेन्टिन कहके बनावल स्कुल मे संक्रमित बाडन ।
बईठक से आउर भी नीजि अस्पताल के लेके कोभिड अस्पताल बनावे खातिर संघ सरकार से माग कईले बा ।
‘हरेक दिन सयो कोभिड संक्रमित लउके लागल बाडन । कोभिड विशेष अस्पताल मे बेड के कमी मे भर्ना होखे ना मिलला से संक्रमित ईलाज से बञ्चित बाडन ।
विषम परिस्थिति देखाई पडल बा,’ उलोग कहले बाडन, ‘संक्रमित के खातिर आउर कोभिड अस्पताल जरुरी बा ।
नेशनल मेडिकल तथा शिक्षण अस्पताल, वयोधा अस्पताल, वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल लगायत मेसे कउनो निजी अस्पताल के लेके कोभिड विषेश अस्पताल के रुप मे व्यवस्थापन आ सञ्चालन करेके देखल गईल बा ।’
बईठक से नारायणी अस्पताल के बन्द सेवा सुरक्षा अपनाके सुचारु करेके, नारायणी अस्पताल के रुटिङ हेल्थ सर्भिस अर्थात जनरल अस्पताल के रुप मे सुचारु राखेके बात मे जोड देहला के साथे वीरगंज मे विद्युतिय शवदाह गृह स्थापना करे खातिर पहल करेके निर्णय भी कईले बा ।
सभी सुरक्षा अपनाके करेवाला शवदाह मे केहु के विरोध ना करे खातिर बईठक से निहोरा कईल नेपाली कांग्रेस के पर्सा सभापति अजय द्विवेदी बतवनी ।
‘मृत्यु के बाद सम्मानजनक लास के अन्त्येष्टि होखेके पडल । आदमी के मृत्यु सत्य ह ।
माकिर अभी महामारी के समय शवदाह मे अवरोध कईल कदाचित् मानवता, समाजिकता आ धार्मिक रीति रिवाज विरुद्ध के काम ह,’ कहत उ, ‘शवदाह मे सहजोग कईल हमनी सभी के दायित्व आ जिम्मेवारी भी ह ।
सभी सुरक्षा अपनाके करेवाला अन्त्येष्टि से केहु के कउनो भी नोक्सानी ना होखी । ओहिसे विरोध ना करे खातिर हमनी निहोरा कईले बानी ।’
बईठक मे जसपा के अध्यक्ष राम नरेश यादव, नेकपा के प्रतिनिधि महेश दास, प्रदेश सांसद ओम प्रकाश शर्मा, राजेश्वर साह तेली, डा. अन्जु यादव, जन्नत अन्सारी, वीरगंज उघोग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया, प्रा. लालन द्विवेदी, वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाईं, वृजेश्वरप्रसाद चौधरी लगायत सहभागी रहलन ।






