अडियो छानबिन करे खातिर सांसद के माग

काठमाण्डु १४ फागुन,
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक के शून्य समय मे सांसद रेखा कुमारी निवर्तमान सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री गोकुलप्रसाद बाँस्कोटा के अडियो प्रकारण मे छानबिन करे खातिर सरकार से माग कइनी ।
सांसद भवानीप्रसाद खापुङ भ्रष्टाचार मे संलग्न होखेवाला के कडा कारवाही करेके बात मे जोड देहनी । सांसद राजेन्द्रप्रसाद गौतम, रामबहादुर विष्ट आ विमला नेपाली नेपाल के सिमाना क्षेत्र जोगावे खातिर सरकार के ध्यानाकषर्ण करवनी । सांसद महेश्वरजङ्ग गहतराज आ मायादेवी न्यौपाने सरकार आ सदनबीच आउर सहकार्य के जरुरत रहल बतवनी ।
सांसद मीनबहादुर विश्वकर्मा दलित समुदाय से दलित भईला के चलते राजधानि मे कोठरी मिलेमे समस्या रहल बतवनी ।
सांसद मीना सुब्बा रु ७० करोड भ्रष्टाचार के चलखेल भईला पर सरकार काहे चुप रहल सवाल कइनी । सांसद मीना पाण्डे प्रतिनिधिसभा के उपसभामुख के निर्वाचन ढिलाइ भईला मे ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद मोहन बानियाँ सरकार से अगाडि बढावल भ्रष्टाचार अन्त्य के अभियान के पूरा करेके बतवनी । सांसद यज्ञबहादुर बोगटी, यज्ञराज सुनुवार, रङ्गमति शाही, रामबहादुर बुढा क्षेत्री, राजेन्द्रकुमार केसी, रेणुका गुरुङ, लक्ष्मणलाल कर्ण आ लक्ष्मी परियारदेश के समसामयिक विषय मे सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
एहितरे प्रतिनिधिसभा के बईठक से ‘बैंक तथा वित्तीय संस्थासम्बन्धी (पहिलका संशोधन) विधेयक’ के स्वीकृत कईले बा । सदन के मंगर के दिने बईठल बईठक मे गणपूरक सङ्ख्या ना पुग के निर्णयार्थ प्रस्तुत होखे ना सकल उ प्रस्ताव के सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा आजु के बईठक मे निर्णयार्थ प्रस्तुत कईले रहनी ।
अर्थ समिति के सभापति कृष्णप्रसाद दाहाल ‘नागरिक लगानी कोष (दुसरका संशोधन) विधेयकसम्बन्धी समिति के प्रतिवेदन, २०७६’ आ शिक्षा तथा स्वास्थ्य समिति के सभापति जयपुरी घर्ती के ओरी से समिति के सदस्य जीवनराम श्रेष्ठ ‘राष्ट्रिय खेलकूद विकास विधेयक सम्बन्धी समिति के प्रतिवेदन, २०७६’ सदनसमक्ष पेश कईनी ।






