पर्सागढी नगरपालिका अनिश्चितकाल के खातिर बन्द

वीरगंज १६ सावन

कोरोना महामारी के उच्च जोखिम मे पडल कहत पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका अनिश्चितकाल के खातिर बन्द कईल बा ।

नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत शालिकराम ढकाल शुक के दिने एगो सूचना जारी करत दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर नगरपालिका बन्द होखेके जानकारी देहले बानी ।

महामारी के जोखिम बढला के बाद नगरपालिका से मिलेवाला बहुते जरुरी सेवा बाहेक आउर सेवा बन्द कईल नगर प्रमुख लोक नारायण यादव जानकारी देहनी ।

पर्सागढी के अनेकन स्वास्थ्य संस्था मे कार्यरत ५ जने स्वास्थ्यकर्मी आ एक जने स्थानीय मे कुछ दिन पहिले कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

वीरगंज के कोरोना अस्पताल भरला के बाद तीन जने संक्रमित के वगहीस्थित प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मे राखल बा । पर्सागढी मे आइसोलेसन सेन्टर ना भईला से समस्या बा ।

संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे आईललोग के पीसीआर परीक्षण करावे के तइयारी नगरपालिका से कर रहल बा ।

पीसीआर परीक्षण कईला पर संक्रमण पुष्टि भईल खण्ड मे पर्सागढी तत्काल के खातिर होटल कुमु प्यालेस मे आइसोलेटेड करेके भईल बा ।

ओकरा खातिर पर्सागढी नगरपालिका आ होटलबीच सम्झौता भइल बा ।

‘लक्षण ना भईल संक्रमित के होटल मे व्यवस्थापन कईल जाई, लक्षण भईल के खातिर व्यवस्थित आइसोलेसन सेन्टर हि जरुरी पडि’ कहके बतवनी ।

व्यवस्थित आइसोलेसन बनावे खातिर भी नगरपालिका से तईयारी सुरु कईल बतवनी । पर्सागढी– ४ मे सहकारी संघ के भवन बा ।

ओकरा के हि मर्मत करके आइसोलेसन सेन्टर के रुप मे सञ्चालन कईल जा सकता कि कहके बा ।

’ कहत उ ‘उहाँ कम्ति मे २५ बेड के आइसोलेसन सेन्टर बनावल जा सकता ।’
पर्सागढी मे एगो प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र आ ४ गो स्वास्थ्य चौकी बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।