जीतपुरसिमरा गोल्डकप के १४ वाँ संस्करण चईत २४ गते से सुरु होखी
जीतपुरसिमरा गोल्डकप के १४ वाँ संस्करण चईत २४ गते से सुरु होखी

प्रभु यादव
बारा १९ चईत
जगदम्बा स्टिल जितपुरसिमरा गोल्डकप के १४ वाँ संस्करण आवेवाला चईत २४ से सुरु होखेके जनावल गईल बा । एतवार के दिने बारा के सिमरा मे पत्रकार सम्मेलन करके आयोजक नव जनजागृति युवा क्लब प्रतियोगिताबारे जानकारी करवले बा ।
सिमरा रंगशाला के फ्लडलाइट मे आवेवाला वैशाख ३ गते तक सञ्चालन होखेवाला प्रतियोगिता मे डिफेन्डिङ च्याम्पियन चर्च ब्वाइज युनाइटेड, त्रिभुवन आर्मी, नेपाल पुलिस क्लब, फ्रेन्ड्स क्लब आ मच्छिन्द्र क्लब गरी ‘ए’ डिभिजन के पाँच टिम सहभागी होखी ।
सशस्त्र पुलीस के विभागीय क्लब एपिएफ, मकवानपुर ११ हेटौँडा, वीरगंज युनाइटेड क्लब वीरगंज, सिराहा के सहलेश युवा क्लब आ आयोजक नवजनजागृति युवा क्लब सहित १० टिम के सहभागिता रहेके आयोजक क्लब के अध्यक्ष रामचन्द्र लामा जानकारी देहनी ।
प्रतियोगिता के विजेता १० लाख तथा उपविजेता पाँच लाख रोपेया प्राप्त करीहें । प्रतियोगिता के सर्वोत्कृष्ट खेलाडी मोटरसाइकल प्राप्त करीहें आ विधागत पुरस्कार ओरी सर्वाधिक गोलकर्ता आ उत्कृष्ट गोलरक्षक के समान २५ हजार तथा स्थानीय उदयमान खेलाडी के १५ हजार रोपेया देवेके जनावल गईल बा । हरेक खेल के म्यान अफ दी म्याच के रु. १० हजार रोपेया देवेके आयोजक क्लब के अध्यक्ष लामा जानकारी देहनी ।
रात्रिकालीन फुटबल मे दर्शक के आकर्षण बढावे खातिर बितल बरीस से फुड फेस्टिभल भी सुरु कईल आयोजक ई बरीस भी होटेल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ बारा सँगे के सहकार्य मे फुटलब सँगे फुड फेस्टिभल के निरन्तरता देवेके जनावल गईल बा । ज्येष्ठ नागरिक आ अपांगता भईल आदमीसब के खातिर आरक्षण सिटसहित निःशुल्क प्रवेश तथा विद्यार्थी के खातिर ५० प्रतिशत छुट के व्यवस्था कईल बा ।





