स्थानिय के बिरोध के बिच कोरोना संक्रमित के लास व्यवस्थापन भईल

वीरगंज १७ सावन
पर्सा मे कोरोना संक्रमित के लास व्यवस्थापन मे स्थानीय फेनु अवरोध अवरोध के बीच संक्रमित के लास व्यवस्थापन कईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–३१ मिलनचोक मे स्थानीय आ पुलीस बीच झडप भईल रहे ।
झडप के समय मे पुलीस आधा दर्जन सेल अश्रु ग्यास प्रहार कईले रहे ।
लास व्यवस्थापन गाँव लगे के जगंल मे करे ना देवेके कहत मिलन चोक, नौकाटोल आ पसरामपुर के बासिन्दा प्रदर्शन मे उतरल रहलन ।
प्रदर्शनकारी से चलावल पथल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त के भी लागल बा । पुलीस ओरी ७ जने सामान्य घायल भईल बाडन ।
स्थानीय घायल भईल ना भईल जानकारी आवे नइखे सकल ।
लास व्यवस्थापन के खातिर जंगल क्षेत्र मे जाएके समय मे नेपाल पुलीस आ नेपाली सेना के टोली के मिलन चोक मे स्थानीय पथल चलईला के बाद स्थिति तनावग्रस्त बनल रहे ।
भिड के नियन्त्रण मे लेवे खातिर आधा दर्जन सेल अश्रु ग्यास प्रहार करेके पडल एसपी पन्त जानकारी देहनी ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के डीएसपी गौतम थापा लास रात मे हि व्यवस्थापन कईल जानकारी देहनी ।
गाँव लगे के जंगल मे लास हलईला पर खुदसब के नोक्सानी होखे सकेके डर से स्थानीय विरोध कईल मिलन चोक के प्रकाश अर्याल बतवनी ।
१५ सावन बियफे के दिने वीरगंज मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण तीन जने के मृत्यु भईल रहे ।
जगदम्बा इन्टर प्राइजेज के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत ५६ बरीस के, वीरगंज–१६ नगवा के ३५ बरीस के आ वीरगंज–२ छपकैया के ६५ बरीस के पुरुष के लास व्यवस्थापन कईल बा ।






