सांसद प्रदीप यादव सहित पर्सा मे ६४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १७ सावन
पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव सहित पर्सा मे आउर ६४ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे १५ से ६८ बरीस उमिर समूह के ६४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमित मेसे ३ जने जनानी बाडि ।
नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय के मुताविक सांसद यादव सहित उनका सँगे स्वाब देहल आउर २ जने, नारायणी अस्पताल के चिकिसक आ कर्मचारी करके २ जने, मास टेष्टिङ के समय मे स्वाब संकलन कईल ४३ जने, कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल ४ जने आ नारायणी बयोधा अस्पताल के २ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
वीरगंज–१३ राधेमाई रहेवाला ४० बरीस के सांसद यादव सँगे उनकर सवारी चालक आ पीएसओ भी संक्रमित भईल बाडन ।
रौतहट के चपुर घर भईल नारायणी अस्पताल मे कार्यरत ३४ बरीस के डाक्टर आ अस्पताल मे कार्यरत एक जने पारामेडिक्स मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
वीरगंज– ६ माईस्थान मिना बजार क्षेत्र मे सबसे बेसी संक्रमित मिलल बाडन । मास टेष्टिङ के समय मे माईस्थान मिना बजार मे संकलन कईल स्वाब के नमूना परीक्षण के समय मे ३३ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
१० जने संक्रमित वीरगंज–२५ ड्राईपोर्ट सिर्सिया क्षेत्र के बाडन ।
नारायणी बयोधा अस्पताल से पठावल स्वाब परीक्षण कईला पर वीरगंज–१६ नगवा रहेवाला ६८ आ ५० बरीस के जनानी, एपोलो अर्थो मे मिलल संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल वीरगंज–११ श्रीपुर के ५१ आ ४२ बरीस के पुरुष, सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह मे कार्यरत एक संक्रमित आ आदर्शनगर के एक संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल क्रमशः १५ बरीस के किशोर आ ६० बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे खुदे पीसीआर परीक्षण करावे आईल वीरगंज–१६ नगवा के ३३ बरीस, महाविरस्थान के ४२ बरीस के पुरुष, वीरगंज–१२ मुर्ली के २५ आ ४३ बरीस के पुरुष, वीरगंज–२३ सबैठवा के २३ बरीस के पुरुष, पर्सागढी नगरपालिका–४ के २३ बरीस के पुरुष, पकाहामैनपुर गाँवपलिका के ३० बरीस के पुरुष, परवानीपुर के ५५ बरीस के पुरुष, रौतहट के जयनगर के २५ बरीस के पुरुष आ वीरगंज–१० रानीघाट के ३२ बरीस के पुरुष के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल बा ।
पर्सा मे एकरा से पहिले हि आइसोलेसन के कमी मे १ सय २६ जने संक्रमित घर मे बाडन ।
सबसे बेसी वीरगंज मे १ सय १८ जने अस्पताल बाहर बाडन । वीरगंज स्थित अस्थायी कोरोना अस्पताल मे भर्ना भईल अधिकांश संक्रमित मे लक्षण बा ।






