भ्रष्टाचार मे चर्चा कमाईल पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका मे अख्तियार के छापा, कागजात नियन्त्रण मे

 

वीरगंज १२ कुवार

पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका मे भईल अनेकन भ्रष्टाचार के बारेमे समाचार सार्वजनिक भईल रहे । पालिका मे कुछ वार्ड अध्यक्ष के हैकमबादी चल रहला से भ्रष्टाचार भी बढल स्थानियलोग के कहनाम रहल बा । कुछ कर्मचारी आ कुछ वार्ड अध्यक्ष लगायत जनप्रतिनिधिलोग के मिलीभगत मे लाखो करोडो के भ्रष्टाचार भईल स्थानिय आ राष्ट्रिय मिडिया मे समाचार अईला के बाद अभी आके अख्यियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के ध्यान पुगल बा ।

अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग हेटौंडा के टोली पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका मे छापा मरले बा । गाँवपालिका कार्यालय विरुद्ध मे पडल अनेकन उजुरी के आधार मे अख्तियार कार्यालय मे छापामारी करके अनुसन्धान के खातिर जरुरी कागजात नियन्त्रण मे लेहले बा ।

जनप्रतिनिधि आ कर्मचारी अनेकन योजना मे अनियमितता कईल जुरी अख्तियार मे पडल रहे । उहे उजुरी के आधार मे अख्तियार के टोली गाँवपालिका से सञ्चालन कईल शंकास्पद योजना तथा कार्जक्रमसब के प्रमाणित कागजात नियन्त्रण मे लेहला के साथे अनेकन वार्ड मे सञ्चालन भईल कामसब के स्थलगत अवलोकन भी कईल आयोग जनवले बा ।

कालिकामाई गाँवपालिका से सञ्चालन कईल विकासे योजना, कर्मचारी भर्ना, सम्मान तथा धारा जडान कार्जक्रम, आइसोलेसन, नदी सफाइ तथा सडक ढलान आदि के बिषय मे अख्तियार मे उजुरी परल बा । अनुसन्धान के खातिर जरुरी कागजातसब माग कईला पर गाँवपालिका से प्रमाणित कपी ना पठईला से बाध्य होके कार्यालय मे छापामारी करके नियन्त्रण मे लेवेके पडल अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के हेटौंडा कार्यालय के सूचना अधिकारी विष्णुप्रसाद सापकोटा जानकारी देहनी ।

‘कालिकामाई गाँवपालिका के दर्ता चलानी किताब मे खाली जगहा राखल, कोभिड– १९ व्यवस्थापन, विकास निर्माण विविध योजना मे गुणस्तरीय काम ना भईल, काम ना करके पईसा लेहल कहके उजुरी परल बा । हमनी अनुसन्धान के खातिर कार्यालय से कागज पत्र माँगेनी । हुलाक से फोटोकपी भी पठावेनी । कैयन कागजपत्र पठावे मे देरी करेलन,’ कहत उ, ‘फोटोकपी से प्रमाण के काम ना करेला, कागजपत्र देरी करके अईला पर अनुसन्धान प्रभावित होखेला । ओहिसे अख्तियार टोली हि पठाके कागजपत्र नियन्त्रण मे लेहले बा ।’

सडक के गुणस्तर आ स्टिमेट मुताविक काम भईल ना भईल बारेमे बुझे खातिर कालिकामाई मे ईन्जिनियर सहित के टोली स्थलगत अध्ययन के खातिर पुग के आईल जानकारी उ देहनी ।

‘पर्सा आ बारा से अख्तियार मे बेसी उजुरी आवेला, उजुरी देहला के लम्हर समय भईल कारबाही का भईल कहके पुछेलन ।’ कहत उ ‘अख्तियार मे सिमित जनशक्ति से अनुसन्धान के काम करेके पडेला । कागजपत्र समय मे ना अईला पर अनुसन्धान मे देरी होखेला ।’

मंगर के दिने भी विद्यालय के बारे मे अनुसन्धान करेके अख्तियार के एक टोली पर्सा मे खटल जानकारी सूचना अधिकारी सापकोटा देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।