मेयर सरावगी के परिवार मे भी संक्रमण पुष्टि, पर्सा मे संक्रमित के संख्या ५४२ पुगल

वीरगंज १८ सावन,
पर्सा मे एतवार के सँझिया तक आउर १ भारतीय सहित ३५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज मे रहत आईल १ भारतीय सहित ३५ जने मे आजु सँझिया संक्रमण पुष्टि भईल वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला जनवले बा ।
एतवार के संक्रमण पुष्टि भईल ३५ जने मेसे वीरगंज महानगरपालिका–११ के मात्र २७ जने रहल बाडन ।
एहितरे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १०, १५ आ ४ के १÷१ जने मे भी आजु सँझिया संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डा. नीरज सिंह जानकारी देहनी ।
वीरगंज स्थित नेपाली सेना के चण्डी प्रसाद गण के १ सेना आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे कार्यरत १ जने पुलीस मे भी संक्रमण मिलल बा ।
पर्सा के सुखवा प्रसौनी गाँवपालिका आ जीराभवानी गाँवपालिका के १÷१ जने मे आजु संक्रमण पुष्टि भईल डा. सिंह बतवले बानी ।
एतवार के सँझिया ३५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा मे संक्रमित के संख्या ५ सय ४२ पुगल बा । एकरा से पहिले शनिचर के रात के परीक्षण मे भी पर्सा के ४५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
एहितरे नारायणी अस्पतालस्थित पीसीआर प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर शनिचर के रात मे १४ जने जनानी सहित ४५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
शनिचर के दिने कईल पीसीआर परीक्षण के समय मे ४५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक संक्रमित मेसे अधिकांश मास टेष्टिङ के समय मे मिलल बाडन ।
कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ आ पेड पीसीआर करईला मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
प्रयोगशाला से देहल रिपोर्ट मुताविक संक्रमित मेसे ४३ जने वीरगंज के बाडन ।
सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका आ निर्मलबस्ती के एक–एक जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
महानगर प्रमुख सरावगी के परिवार मे भी संक्रमण
कोरोना संक्रमित वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय सरावगी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ शुरु कईल बा ।
पहिलका चरण के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल सरावगी के परिवार के दु सदस्य सहित ६ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
एहितरे नगर प्रमुख के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल वीरगंज–११ श्रीपुर के १८ आ ४५ तथा वीरगंज–१३ के ३० आ १९ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे आउर संक्रमित के ट्रेसिङ मे पडल वीरगंज–११ श्रीपुर के ३६ बरीस के पुरुष आ ४० बरीस के दु जनानी मे पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
एहितरे वीरगंज–४ विर्तास्थित कन्या मावि से संकलन कईल स्वाब परीक्षण कईला पर १९ जने के कोरोना परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
मास टेष्टिङ अन्तर्गत सावन १२ गते कन्या स्कुल मे १ सय ४९ जने के स्वाब नमुना संकलन कईल रहे । संक्रमितलोग पाँच बरीस के लइकी से ६० बरीस के पुरुष तक बाडन ।
एकरा से पहिले वीरगंज–६ माईस्थान मीनाबजार क्षेत्र मे कईल मास टेष्टिङ मे ३३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । तरकारी, फलफूल आ मछरी मासु मिलेवाला क्षेत्र भईला से मीनाबजार क्षेत्र मे भिडभाड होखेला ।
मास टेष्टिङ मे बेसी जनसम्पर्क मे रहेवाला आदमी मे कोरोना पुष्टि भईल स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी।
‘दोकान सञ्चालक, साउन्ड सर्भिस टेक्निसियन, होम ट्युसन पढावेवाला शिक्षिका जईसन बेसी जनसम्पर्क मे आईललोग मे कोरोना देखल गईल बा,’ कहत ठाकुर, ‘एकरा से पहिले माईस्थान मीना बजार मे संक्रमण देखल गईल अधिकांश दोकान व्यवसाय करेवाला हि रहलन ।’
माईस्थान मीना बजार मे २ सय ९ जने के स्वाब नमूना लेहला पर ३३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
एहितरे वीरगंज–११ श्रीपुर के १० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
मास टेष्टिङ के समय मे स्वाब संकलन कईल १० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
श्रीपुर के ६२, १८, ५०, ४५, ३४ आ १७ बरीस के पुरुष तथा ५०, ६०, २९ आ ४३ बरीस के जनानीलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे मगनुस फर्मा के ५ जने कर्मचारी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
औषधि फर्मा मे काम करेवाला वीरगंज–८ के ४१ बरीस के जनानी, वीरगंज मनियारी के ३२ आ वीरगंज–४ भगवती टोल के ४६ बरीस के पुरुष, ठोरी गाँवपालिका निर्मलबस्ती के २६ आ वीरगंज–८ के ४१ बरीस के जनानी मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।
एहितरे पेड पीसीआर करावल वीरगंज–३ छपकैया आ वीरगंज–११ श्रीपुर के ५६ बरीस के दु जने पुरुष मे भी कोरोना देखल गईल बा ।





