सप्तरी मे मंगर से निषेधाज्ञा

सप्तरी १९ सावन
जिल्ला प्रशासन कार्यालय सप्तरी मंगर के सबेरे ५ बजे से लागू होखेवाला किसिम से निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
कोरोना भाइरस (कोभिड १९) संक्रमित के संख्या दिन पर दिन बढत गईला के चलते एकर रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी शंकरहरि आचार्य बतवनी ।
उनका मुताविक निषेधाज्ञा आवेवाला सावन २६ गते सँझिया ५ बजे तक जारी रही ।
निषेधाज्ञा के समय मे बहुते जरुरी बाहेक आउर सभी काम बन्द होखेके आ मनमौजजी चलेवाला के कानुनी कारबाही होखेके जिल्ला प्रशासन कार्यालय सप्तरी जनवले बा ।
सप्तरी मे अभी तक ५ सय ३१ जने मे कोरोना सन्क्रमण पुष्टि भइल बा आ संक्रमित मेसे एक जने के मृत्यु भइल बा ।
एहितरे सप्तरी मे ६ जने पुलीस मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सोमार के जिल्ला मे थपाईल ७ जने संक्रमित मेसे ६ जने पुलीस रहल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख दुनियाँलाल यादव बतवनी ।
संक्रमित होखेवाला सभी प्रदेश प्रहरी तालिम केन्द्र राजविराज मे कार्यरत बाडन ।
उलोग सभी पुलीस जवान बाडन ।
सोमार के सप्तरी मे देखल गईल दोसर संक्रमित जीवन बिमा कम्पनी मे काम करेवाला ३८ बरीस के पुरुष बाडन ।
एकरा सँगे जिल्ला मे कोरोना संक्रमित के संख्या ५ सय ३१ पुगल बा ।
कोरोना संक्रमण के चलते जिल्ला मे एक जने के मृत्यु भईल बा ।
कोरोना संक्रमण बढे ना देवेके कहत जिल्ला मे मंगर के सबेरे से लागू होखेवाला किसिम से एक हप्ता के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।






